अगुआ आ बीचवनिया के फरक – बतकुच्चन 229

– टीम अंजोरिया

#ईरान #अमेरिका #इजरायल# लेबनान #भारत #पाकिस्तान #अगुआ #बीचवनिया

अगुआ आ बीचवनिया के फरक – बतकुच्चन 229

mediator-vs-negotiator

anjoria post display pic

आजु खबर आइल बा कि अमेरिका आ ईरान का बीच पाकिस्तान के इस्लामाबाद में चल रहल बातचीत के दौर कवनो नतीजा निकलले बिना खतम हो गइल बा। अब एकर परिणाम का निकली, देश-दुनिया के राजनीतिक हालात, आर्थिक हालात आ शेयर मार्केट में का होखी से काल्हु सोमार का दिने देखे के मिल जाई। एक त बबुनी अपने गोर ओहपर लिहली काजर पोत। ई एह से कहत बानी कि काल्हु सोमार का दिने भारत के शेयर बाजार में निफ्टी आ बैंक निफ्टी के महवारी निपटान होखे वाला बा. अब एह महवारी निपटान आ औरतन के महवारी का बीच कवनो नाता खोजल मुश्किल बा बाकिर बड़-बूढ़ कहत आइल बाड़न के महवारी का दौरान लड़िकी आ मेहरारुवन के बहुत कुछ से अलगे रहे के चाहीं। आ एकरे के शेयर बाजार पर लगावे के कोशिश करीं त सहज भाव से कहल जा सकेला कि बाजार में महवारी निपटान का दिने नवहियन -माने रिटेलरन – के अलगे रहे के चाहीं।

खैर आजु के लेख हम शेयर बाजार भा राजनीति पर लिखे नइखीं बइठल। हम त अगुआ आ बीचवनिया के फरक पर बतकुच्चन करे आइल बानी। पिछला दिने देश के विरोधी गोलन के नेता आ चमचा छाती पीटत रहलें कि देखीं भारत के कवनो भाव ना मिलल आ पाकिस्तान वाहवाही लूट गइल। अब उहे लोग हो सकेला कि एकरा के पाकिस्तान के नैतिक विजय बतावल शुरु कर देव जइसन नैतिक विजय पिछला सैकड़ा चुनावन में राहुल गाँधी का नेतृत्व में कांग्रेेस हासिल करत आइल बिया। बाकिर आजु हमरा कांग्रेस आ भाजपा का बीच के लड़ाई पर कुछ कहे जोग नइखे काहे कि बीचवनिया बने के हमार इरादा नइखे आ अगुआ बने के औकात।

बीचवनिया आ अगुआ पहिला सरसरी नजर में एके जइसन लगिहें। दुनु दू फरीक का बीच राह बनावे भा निकाले के कोशिश करेलें। बीचवनिया राह बनावे के कोशिश करेला त अगुआ राह निकाले के। राह बनावे आ राह निकाले में एक मोटा मोटी फरक ई होला कि राह निकाले में राह मौजूद होला बस ओकरा के सोझा ले आवे के कोशिश कइल जाला। जबकि राह बनावे में राह होखे ना बनावे के पड़ेला आ कई एक बेर बहुते दुर्गम इलाकन से। अब कुछ लोग कही कि राह बनावल राह निकालल से बढ़िया काम होला। हम एहू विवाद में नइखीं पड़े जात काहे कि हमरा विचार से राह निकालल अउरी मुश्किल काम होला काहे कि पहिले से मौजूद होखला का बावजूद लोग ओह राह के देख ना पावे।

बीचवनिया बीचबचाव करे वालन के कहल जाला। अंगरेजी में एह लोग के mediator कहल जाला। ई लोग दू गो लड़त फरीकन का बीच समझौता करावे के कोशिश करेलें। लप्पड़-झप्पड़ करत दू आदमी का बीच बीचवनियो पर कुछ लात-जूता पड़ल अचरज के भा असंभव बात ना होखे। चाल्हाक आदमी बीचवनिया बने के कोशिश जरुर कर जाला बाकिर बुद्धिमान आदमी बीचवनिया बनल ना चाहे। अगुआ के अंगरेजी वाला negotiator जान जाईं। अगुआ दू गो पक्षन का बीच अइसन संधि करावल चाहेला जवन दुनू ला win-win वाली बात होखे। न तुम हारे न मैं जीता। तुम्हारी भी वाह-वाह हमारी भी वाह-वाह।

पंंचायत झगड़ा करे वालन का बीच बीचबचाव करे ला बइठेला। बीचवनिया के दुनू पक्षन से बेंवतगर होखल, क्षमतावान होखल, जरुरी होला। कमजोर पक्ष बीचवनिया बनिए ना सके। अगर बने के कोशिश करी त उहे होखी जवन आवे वाला दिन में पाकिस्तान के होखे जा रहल बा।

बातचीत दू गो इच्छुक पक्ष का बीच होला जे कवनो निष्कर्ष पर चहुँपल चाहेला। एहमें दुनू पक्ष के फायदा लउके के चाहीं आ एह तरह के निष्कर्ष निकले के चाहीं कि दुनू पक्ष अपना के विजेता मान सके। अदालती मुकदमन में एक पक्ष जीतेला त दुसरका हार जाला। एहमें ई होइए ना सके कि दुनू पक्ष अपना के विजेता मान सके। अलग बात बा कि आजीवन कारावास के सजा पावहूं वाला खुश हो जाला कि चलऽ फाँसी से बाँच गइनी!

अगुआ बातचीत करावेला। ऊ जानेला कि दुनू पक्ष एक दोसरा के बिना अधूरा रहिहें। अगुआ के सेल्समैन समुझल जा सकेला। ऊ क्रेता के जरुरत समझि के ओह जरुरत के समाधान निकाले वाला विक्रेता के उत्पाद भा सेवा के बिक्री करावेला। शादी बिआह में अगुअई करे वाला के मालूम होला कि फलनवां के बेटी बिआहे के बा आ चिलनवां के बेटा। दुनू अपना जोग जोड़ी खोजत बाड़न आ अगुआ एह दुनू के आपस में बात करावेला। ऊ दुनू तरफ दोसरका के बड़ाई बतावेला। लड़िकिवाला के कहेला कि एह ले बढ़िया दुलहा नइखे मिले वाला रउरा बेटी के आ लड़िकावालन के समुझावेला कि ई लड़िकी रउरा परिवार के लक्ष्मी बनि जाई। लड़िकावालन से लड़िकी आ ओकरा परिवार के बड़ाई आ लड़िकिवालन से लड़िका आ ओकरा परिवार के बड़ाई।

बीचवनिया के काम नकारात्मक माहौल में होला जबकि अगुआ के काम सकारात्मक माहौल में। बीचवनिया ओह लोग का बीच समझौता करावे के कोशिश करेला जे एक दोसरा के बरबाद करे के सपना देखल करेलेंं। जबकि अगुआ ओह लोग का बीच नाता बनवावे के कोशिश करेला जे सामने वाला के प्रशंसक बनि सको।

उमेद करत बानी कि अब रउरा समुझ में आ गइल होखी कि भारत काहे एह बीचबचाव करे के कोशिश ना कइलसि। ओकरा निकहा से मालूम बा कि कवनो हाल मे अमेरिका आ ईरान का बीच समझौता ना हो सके, लेबनान आ इजरायल का बीच शान्ति ना हो सके। एक तरफ के विनाश होखला बिना एह विवाद के समझौता नइखे होखे वाला। आ इहो एगो समस्या बा कि ओकरा दुनू तरफ से आपन काम निकाले के बा। दू बेेकत का झगड़ा का बीच ऊ लबरा बने के बेवकूफी ना करि सके।

0 Comments

Submit a Comment

आपका ईमेल पता प्रकाशित नहीं किया जाएगा. आवश्यक फ़ील्ड चिह्नित हैं *

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..