– टीम अंजोरिया
#महिला-कांग्रेस #अलका-लांबा #वेणुगोपाल #कांग्रेस #तमिलनाडु #सैयद-हजीना,
वेणुगोपाल के कवनो महिला-दोस्त नइखे
venugopal has no girl friends
आजु के टटका खबर में कांग्रेस महासचिव के सी वेणुगोपाल के चरचा पेश बा जे एक्सप्रेशन – पुरनका ट्वीटर- पर आजु ट्रेंडिंग न्यूज में बाड़न।
बहुत पहिले एगो कहानी पढ़ले रहनी कि कइसे दू गो बिलाइयन के झगड़ा निपटावे के बहाना से एगो बानर ओहनी के रोटी हड़प लेत बा। एह कहानी का ठीक उलुटा के एह कहानी में दू गो बिलाइयन का झगड़ा में बानर के फजीहत हो रहल बा। कहीं त ई गुरुजी के दू गो चेलन वाली कहानी से मेल खात बा जवना में दू गो चेला अपना गुरु के एक एक टांग तूड़ देत बाड़न स।

हजीना के एक्सप्रेशन प्रोफाइल फोटो
झगड़ा के शुरुआत भा कहीं त झगड़ा एह चलते सार्वजनिक हो गइल कि तमिलनाडु महिला कांग्रेस के अध्यक्षा सैयद हजीना के हटावे के खबर जारी कइली अखिल भारतीय महिला कांग्रेस के अध्यक्षा अलका लांबा। एकरा बाद जबाब देबे के बारी रहल सैयद हजीना के जे एगो लमहर पोस्ट लिख के अलका लांबा के लंबा खींच दिहली। लिखले बाड़ी कि –

हजीना के एक्सप्रेशन प्रोफाइल से लिहल फोटो
ए अलका लांबा, कइसन परपीड़क हऊ तू? तू महिला कांग्रेस में हमहन के कवनो सहायता ना करऽ आ उलुटे सदस्यता का नाम पर हमनी के हरान करेलू आ सदस्यता के पइसा के इस्तेमाल अपना मौज खातिर करेलू. तोहरा लगे तनिको सहज बुद्धि बा कि ना कि हमरा के बेइज्जत कइल गइला का बाद हम मीडिया का सोझा दुपहरिया एक बजे अपना इस्तीफा के एलान कर दिहले रहीं। आ तू हमरा के निकाल बाहर करे के आदेश जारी कर दिहलू। का तू राजकुमार डायना हऊ?
धेयान में राखऽ आ जा के आपन नखरा अपना ब्वाय फ्रेंड के सी वेणुगोपाल के देखावऽ, हमरा के ना!
आ इहो धेयान में राखऽ कि तोहरा कवनो हक नइखे हमरा के बेइज्जत करे के। तू हमनिये के दीहल सदस्यता राशि पर मजा करत बाड़ू। का एह पार्टी के बेंवत बा कि अखिल भारतीय महिला कांग्रेस के लेखा-जोखा के अंकेक्षण करवा सके, जवना धन के तू अपना मजा पर खरच करत बाड़ू।
हमरा इस्तीफा के एगो मुख्य कारण तहरे दीहल परेशानी हवे। से अपना काम से मतलब राखऽ आ मुँह बन्द कर के राखऽ ना त हमरा प्राथमिकी दर्ज करवावे के पड़ी तोहरा खिलाफ। ……
पूरा चिट्ठी के स्क्रीनशॉट ऊपर दे दीहल गइल बा।
हमार एगो इहो आदत हवे कि रहि रहि के गूगल बाबा से पूछ लीहल करीं। उनुका से पूछनी कि वेणुगोपाल के महिला-दोस्तन का बारे में बतावऽ त बतवलें कि के सी वेणुगोपाल के कवनो महिला-दोस्त होखे के आधिकारिक प्रमाण नइखे। वेणुगोपाल के पत्नी आशा वेणुगोपाल हई जे वीटीएम एनएसएस कॉलेज, थिरुअनन्तपुरम के अंगरेजी विभागाध्यक्ष हई।
गूगल बाबा आगा जोड़ियो दिहलन कि हँ अक्टूबर 2024 में एगो पोढ़ पत्रकार अशोक वानखेड़े आरोप लगवले रहलन कि वेणुगोपाल अपना महिला-दोस्त के हरियाणा में विधायकी के टिकट दिआवल चाहत बा़न। वानखेडे के इशारा कांग्रेस में एक तरह के ‘कास्टिंग काउच’ का तरफ रहुवे। हालांकि ऊ कवनो नाम ना लिहले रहलन। वेणुगोपाल भा कांग्रेस पार्टी का तरफ से वानखेडे के आरोप के कवनो जबाब सामने ना आइल।
Is K. C. Venugopal the new boyfriend of Alka Lamba?
I’m not the one saying this
It’s being said by a woman leader from the Tamil Nadu Congress.Even at this age, isn’t this kind of boyfriend–girlfriend game in Congress shocking? pic.twitter.com/uLUmgwuEeT
— Mahesh Vikram Hegde 🇮🇳 (@mvmeet) April 11, 2026
एह सगरी विवाद का बीचे चाणक्य कूद पड़ले आ हजीना के सलाह दिहले कि अलका लांबा के हलुक मत बूझीहऽ। जान जा कि पिछला दिल्ली विधानसभा चुनाव में दिल्ली के कालकाजी सीट पर पड़ल कुल 146750 वोटन में से करीब चार फीसदी 4392 वोट अलका के मिलल रहुवे। आ एही शानदार उपलब्द्धि ला उनुका के ई पद दिहल गइल रहुवे।
Ma’am ! You are underestimating Alka Lamba.
She secured 4392 (4.11%) votes from total voter turnout of 106876 votes from a Kalkaji Delhi constituency which has total voter count of 146750 voters.
Just because of her this outstanding performance in the election she is given… pic.twitter.com/xDG9L00VJ1
— चाणक्य 🌞 (@chanakya_296) April 11, 2026

0 Comments