जौनपुर में बाढ़ फेरु लवटि आइल

जौनपुर में गोमती के पानी बढ़ल फेरु शुरु हो गइल बा आ निचला इलाका में बाढ़ के पानी फेर पसर गइल बा. हनुमान घाट, गूलर घाट, गोपी घाट, बलुआ घाट, बजरंग घाट डूब गइल बाड़ी सँ. शाही पुल के नीचे बनल गोमतेश्वर महादेव के मंदिरो आधा डूब गइल बा. नदी के किनारे के लोग जगहा छोड़ल शुरू कर दिहले बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *