टटका खबर, 2 मार्च 2017, बियफे


प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के खिलाफ बेहुदा बाल बोले वाला बिहार सरकार के जलील मंत्री का खिलाफ भाजपा विधायक नीतिन नवीन पटना के कोतवाली थाना में केस लिखववले बाड़न. अब्दुल जलील मस्तान बिहार सरकार में मद्य निषेध मंत्री हउवन. अपना कहला के माफी माँग चुकल जलील मंत्री के कहना बा कि माफी त माँगिए लिहनी, अब का फाँसी चढ़ा देबऽ लोग ?

यूपी चुनाव के छठवाँ दौर के वोटिंग वाला इलाकन में आजु साँझ से प्रचार के काम बन्द हो गइल. अब भेंट मुलाकात वाला प्रचार चलत बा. सात जिलन – महराजगंज, कुशीनगर, देवरिया, आजमगढ़, मऊ, बलिया, गोरखपुर – के 49 सीट ला 4 मार्च का दिने वोटिंग करावल जाई.

केन्द्र सरकार एह साल 2017-18 से देश के कुल मेडिकल कॉलेजन में पीजी के चार हजार सीट बढ़ावे के एलान कइले बिया. अब हर साल 35117 डाक्टर पोस्ट ग्रेजुएट के पढ़ाई क सकीहें.

मिर्जापुर जिला के चील्ह इलाका के तिल्ठी गांव के एगो लइका साइकिल से जात रहल जब गांव का नियरे मिर्जापुर-गोपीगंज सड़क प एगो ट्रक वाला ओकरा के कचार दिहलसि. लइका के मौत ठाँवे प हो गइल. हादसा का बाद ड्राइवर के गिरफ्तार क लीहलसि पुलिस.

सोनभद्र जिला के म्योरपुर इलाका के लिलासी कला गोँव में एगो मेहरारू अपना मरद से झगड़ा भइला का बाद फाँसी लगा के जान दे दिहलसि. खेत प काम करे निकलल मरद जब लवटल त इनका के फाँसी प लटकल देखलसि.

मिर्जापुर के चुनार इलाका में जमुई गाँव के सतकवा पुल का लगे भइल एगो सड़क हादसा में मोटरसाइकिल सवार कुडाडीह गांव के एगो आदमी के मौत हो गइल. हादसा करे वाला वाहन चालक भाग निकलल.

रोहतास जिला के सासाराम इलाका में मंडल जेल में तैनात एगो होम गार्ड जवान अपना के गोली मार के जान दे दिहलसि. जवान चेनारी इलाका के तेलाड़ी गांव के रहुवे.

सिवान जिला के धनौती चौकी का लगे गाछ प फाँसी लटकल एगो नवही के लाश पुलिस बरामद कइलसि. मरल नवही देवरिया जिला के भाटपार गांव के रहुवे.

कैमूर जिला के भभुआ नगर इलाका में एगो आशिक जोड़ा जहर खा लिहलसि. प्रेमिका के मौत हो गइल बा जबकि प्रेमी के हालत खराब बनल बा. घर के लोग एह लोग के आशिकी से मना कइलसि त ई लोग जहर खा लिहलसि.

महराजगंज जिला के पुरन्दरपुर थाना प चुनाव ड्यूटी पर आइल एगो कांस्टेबल गाछ से गिर पड़ल आ घवाहिल भइला से अस्पताल में ओकर मौत हो गइल. बलावल जात बा कि खाना बनावे ला लकड़ी तूड़े ई गाछि प चढ़ल रहलन.

पश्चिम चंपारण के धूमनगर चौक का लगे से सशस्त्र सीमा बल के जवान एगो तस्कर के पाँच किलो चरस का साथे गिरफ्तार क लिहले.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *