(सोमार, 6 अप्रैल के खबर)
- बक्सर रामरेखाघाट के हाई स्कूल के एगो मास्टर साहब के कपार कुछ लड़िका फोड़ दिहले सँ. मास्टर साहब नगर थाना में शिकायत लिखवले बाड़न.
- बक्सर जिलाधिकारी रमण कुमार छुट्टी से वापस लवटला का बाद अपना मातहत अधिकारियन पर बरखल शुरु क दिहलन आ अनुमंडलाधिकारियो के खबर ले लिहलन. एह बात से प्रशासनिक अधिकारी नाराज हो गइल बाड़े आ बिहार प्रशासनिक सेवा संघ, बासा, एह बात पर बइठक क के जिलाधिकारी से आपन नाराजगी जतवलसि.
- सासाराम जिला में दू करोड़ रुपिया के गबन का आरोम में चार गो चाउर मिल वालन पर मुकदमा दर्ज करवले बाड़न एसएफसी के जिला प्रबंधक. एह मिलन के नाम ह यशोदा राइस मिल, पटेल राइस मिल, ओम राइस मिल, आ पंचमूर्ति राइस मिल.
- रोहतास के करमा गाँव में दू गो लड़िका आहर में मछरी मारे का फेर में डूब के मर गइल बाड़े. दुनू के उमिर दस एगारह बरीस के रहल.
- छपरा जिला के मढ़ौरा स्टेट बैंक शाखा में रुपिया जमा करावे गइल एगो नवही के पाकिट मार के करीब 19300 रुपिया चोरा लिहल गइल. नवही असोइयाँ गाँव के ई नवही जब बैंक मैनेजर से शिकायत कइलसि त ऊ कुछ करे से मना कर दिहलन.
- दू दिन पहिले बनियापुर के प्रखंड स्वास्थ्य प्रबंधक पटना से एगो नवहिन के भगा ले गइल रहलन. ओकर खोज करत ओकर महतारी बनियापुर रेफरल अस्पताल पहुँचल त मामिला के जानकारी भइल. एह बीच लड़िकी त लवट आइल बिया बाकिर प्रबंधक अबहीं ले फरार बावे.
- शिक्षक दक्षता परीक्षा में दू दू बेर फेल होखे वाला गुरुजी लोग के नौकरी से बरखास्त करे के काम शुरु हो गइल बा. एह सिलसिला में छपरा के बारह गो आ आरा के अठारह गो गुरुजी लोग के हटावे के सूचना जारी हो गइल बा. अउरिओ जगहा कार्रवाई होखत बा बाकिर गोपालगंज में केहू बतावे वाला नइखे कि ओहिजा के गुरुजी लोग के का हाल बा. केहू फेलो भइल बा कि ना से कवनो अधिकारी का जानकारी में नइखे.
- आरा टाउन थाना के चिकटोली मुहल्ला में एगो बूढ़ औरत के जरा के मार देबे का मामिला में दू गो अपराधी सोमार का दिने कोर्ट में सरेंडर क दिहले.
- पुरबी चंपारण के मधुबन-चकिया बाराघाट रोड पर तालिमपुर का लगे सोमार का दिने भइल सड़क हादसा में बाराघाट पुल पर टोल वसूले वाला एगो कर्मचारी के मौत हो गइल. पचास बरीस के ई कर्मचारी मधुबन से मोबाइल खरीद के साइकिल से लवटत रहुवे जब एगो ट्रक ओकरा के कचारत भाग गइल.
- सिवान जिला के बड़हरिया इलाका के पड़वा गांव के एगो अपराधी शशि माँझी के हत्या करे के आरोप ओकरे साथी अनिल कुशवाहा प लागल बा. शशि के परिवार वालन के कहना बा कि अनिले ओकरा के अपना मोटरसाइकिल पर बइठा के ले गइल आ तरवारा बाजार का लगे ओकर हत्या करवा दिहलसि. हत्या के खबर उहे पुलिस के दिहलसि आ अस्पताल में आपन इलाज करावे का बीच भाग निकलल जवना से पुलिसो के ओकरा पर संदेह बढ़ गइल. अनिल कुशवाहा के बाद में गिरफ्तार क के पुलिस ओकरा से पूछताछ करत बिया.
- बलिया जिला के सुरेमनपुर टीसन का पछिमारा आउटर सिग्नल का लगे डाउन उत्सर्ग से गिर के 75 बरीस के एगो आदमी के मौत हो गइल. ओकर पहचान साबित नइखे भइल.
- देवरिया सदर कोतवाली के सिपाही सोमार का रात अपने कोतवाल के घेर लिहले आ उनुका संगे हाथापाई आ मारपीट कइले. कोतवाल पर आरोप बा कि एगो मामिला में ऊ कोतवाली के एगो सिपाही के हवालात में बंद करा दिहले रहले जहाँ से बाद में ओकरा के निकालल गइल. बड़का अधिकारी अब एह मामिला के जाँच करे में लागल बाड़े.
- गाजीपुर पोस्ताघाट पर नहाए गइल जमालपुर के एगो नवही डूब गइल. बहुते खोजवला का बादो ओकर कवनो सुराग ना मिलल.
- गाजीपुर के सहेड़ी गाँव के एगो तीन साल के बच्ची के लाश एक दिन बाद घर का बगल में गड़हा में मिलल. घर वाले ओकरा के खोजत भर दिन परेशान रहलन आ अगिला दिने ओकर लाश मकान बनावे खातिर खोनल एगो गड़हा से मिलल.
- देवरिया के अंसारी रोड शाखा से सेन्ट्रल बैंक के गायब बतावल जात 2 करोड़ 77 लाख रुपिया में से 65 लाख बैंक का तिजोरिए में मिल गइल. ओने एम मामिला में शक के सुई बैंक के सिपाही ओमप्रकाश सिंह पर जात बा जे तबे से फरार बा. ओकरा के पकड़े खातिर दबाव बनावे ला पुलिस ओकरा बेटा समेत 19 रिश्तेदारन के पकड़ लिहले बिया. सोमार का दिने सूचना मिलल रहे कि ऊ मऊ कोर्ट में सरेंडर करे आ सकेला जवना खातिर पुलिस पूरा घेराबंदी कइले रहुवे. सिपाही आजमगढ़ जिला के असोना गाँव के ह.
- मुर्गा खिआवे खातिर बोलवा के सोनहिता गाँव के 45 बरीस के एगो आदमी के हत्या करे के आरोप गनेशपुर गाँव के हरिहर के गिरफ्तार क लिहल गइल बा. मामिला के खुलासा हरिहर के औरत के बयान से हो गइल कि पता ना कवना बात पर दुनू जने मुर्गा खाए का बीचे में लड़ पड़ल रहले.
- यूपी के किसानन के भइल नुकसान के भरपाई करावे खातिर सरकार तीन सौ करोड़ रुपिया अउरी जारी क दिहले बिया. दू सौ करोड़ पहिलही जारी हो चुकल रहे. बेमौसम बरखा से प्रदेश के किसानन के फसल के बहुते नुकसान भइल बा.
- भाजपा का स्थापना दिवस समरोह में ओकर पुरनिया नेता लालकृष्ण आडवाणी ना अइलन. सुने में आवता कि उनुका के बोलहटे ना दिहल रहुवे आ खबर मैसेज क के भेजल गइल रहुवे.
- करीब डेढ महीना से पता ना कहवां गइल राहुल गाँधी के अबहियोें ले कवनो पता नइखे चलल बाकिर उनुका के लेके बयानबाजी के दौर कांग्रेस में बदस्तूर जारी बा. अब सुने में आवत बा कि कांग्रेस के अधिवेशन के दिन टार दिहल गइल बा आ सितम्बर ले राहुल के पार्टी के कमान दिहल जा सकेला. बाकिर राहुल का जगहा सोनिए के बनल रहे के चाहीं अध्यक्ष.
- सुप्रीम कोर्ट सरकार से ‘जुवेनाईल’ – कम उमिरिया – अपराधियन से जुड़ल कानूनन में बदलाव करे के कहले बिया काहें कि एह घरी एकनी से जुड़ल अपराध बहुते बढ़े लागल बा.
- सोमार का दिने देश के अनेके मुसलमान नेता पीएम मोदी से भेंट क के उनुका से कट्टरपंथ आ आतंकवाद का खिलाफ एकजुटता देखावे के कोशिश कइलन आ कहलन कि मुस्लिम वक्फ बोर्ड के संपति से जुड़ल मुद्दा पर नजर डलला के जरूरत बा.
- जम्मू कश्मीर के शोपियां में तीन गो आतंकवादी हमला में 3 गो पुलिसवालन के मौत हो गइल.
- बिहार के मुख्यमंत्री रहल जीतन राम मांझी पिछला अतवार का दिने सुपौल के लोहिया नगर चौक पर डॉ. राम मनोहर लोहिया के मूर्ति पर माला चढ़वले त राजद के लोग सोमार का दिने मूर्ति के बाकायदा धुलाई क दिहल. एह मामिला में थाना में केस लिखावल गइल बा.
- रक्षामंत्री मनोहर पर्रिकर ने मुंबई के मझगांव डॉकयार्ड लिमिटेड में अपने देश के तकनीक से बनावल पहिलका पनडुब्बी स्कॉर्पियन के सोमार का दिने पानी में उतार दिहले. एकरा के फ्रांस के सहयोग से चलावल जात बा आ एह तरह के छह गो पनडुब्बी बनावल जाई.
- राजद के लालू का बाद अब जदयू के नीतीशो के बयान आइल बा कि जनता परिवार के विलय एही महीना पूरा हो जाई.
- कांग्रेसी नेता राजीव शुक्ला के आईपीएल संचालन परिषद के अध्यक्ष बना दिहलसि बीसीसीआई. राजीव शुक्ल कहलन कि आईपीएल में सुधार ले आवे के कोशिश करीहें.
- पहिले से मिलत जानकारी के गलत बतावत अब कहल जात बा कि पीपुल्स डेमोक्रेटिक पार्टी के अध्यक्षा महबूबा मुफ्ती प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के मंत्रीमंडल में शामिल ना होखीहें. खुद मुफ्ती मुहम्मद सईद कहलन कि उनका नइखे लागत कि महबूबा मोदी के मंत्रीमंडल में शामिल होखीहें.
- कांग्रेसी नेता कैप्टन अमरिंदर सिंह कहले बाड़न कि पंजाब आ हरियाणा का बीच नदियन के पानी के बँटवारा का मामिला में अगर उमा भारती पंजाब के एको बूंद पानी लेबे के कोशिश कइली त उनुका के उलुटा लटका दीहें अमरिंदर.
0 Comments