- जब भोजपुरी के पढ़वइआ हइले नइखन त ढेर परेशान होखला के का जरूरत! जब मौका मिली, मन करी तब खबर डाल देब, ना मिली त छोड़ देब. वइसहूं टटका खबर खबर कम, भोजपुरी पढ़े लिखे बोले के आदत डलवावे के कोशिश बेसी ह. खबर पढ़े खातिर पूरा दुनिया पड़ल बा बस भोजपुरी खबरन के कवनो निकहा साइट नइखे, बस इहे सोच के लवट लवट के आवत रहीले. रउरा अउर कुछ ना त कम से कम कुछ टिप्पणी, अपना गाँव जवार के खबर त आजाद पन्ना पर डालिए सकीलें, बाकिर ना, रउरो सभे कुछ ना करब. त अइसहीं नू चली भा थथम जाई. अब चार दिन बाद आइल बानी त कुछ खबर देईए दिहल जाव.
- आआपा पार्टी पर एगो कारोबारी गजेन्द्र के किसान बनवा के फाँसी चढ़ जाए के उकसावे के आरोप लगावत दिल्ली पुलिस एगो केस दर्ज कइले बिया. आआपा पार्टी एह आरोप के झूठ क पुलिन्दा बतावत बिया काहे कि राजा हरिश्चन्द्र के नवका अवतार हउवन केजरीवाल जे सतरह साल का सरकारी नौकरी में कबो तबादला ना देखले.
- केन्द्र में मोदी के सरकार बनला के एगो बड़हन असर देखे के मिलत बा कि कांग्रेसो जइसन पार्टी हिन्दुत्व का पाला में खड़ा होखल लउकल चाहत बिया. अब एही दिसाईं राहुल गाँधी केदारनाथ धाम के ‘पैदल’ यात्रा करे खातिर हेलीकाप्टर से पहाड़ी पर चहुँपले आ अोहिजा से पैदल केदारनाथ धाम खातिर चलीहें. वइसे अलग बात बा कि अबहीं ले साफ साफ नइखे बतावल जा सकत कि राहुल भा सोनिया के धरम का ह? अगर ईसाई हवे लोग त एह लोग के एह तरह हिन्दू मन्दिरन के यात्रा ना करे के चाहीं.
- देश विरोधी ताकतन के फंडिग करे के अछरंग झेलत फोर्ड फांउडेशन पर केन्द्र सरकार नजर टेढ़ क दिहले बिया आ ओकरा से मिलल फंड देश में कवना गिरोह का लगे आवत बा तवना पर नजर राखल जाई. जान जाईं कि केजरीवाल के गोल के बढ़ावा फोर्ड फाउन्डेशने से मिलल रहुवे आ अउऱिओ बहुते देश विरोधी ताकतन के फंडिंग करत रहे के अछरंग लागत रहेला फोर्ड फाउन्डेशन पर.
- मंगल का दिने बिहार के पूर्णिया आ अगल बगल का इलाकन में आइल तूफान से मरे वालन के गिनिती बढ़ के 65 पार हो गइल बा. नाहियो त 2 हजार लोग घवाहिल भइल बा. केन्द्र सरकार का तरफ से मोदी हर संभव सहायता करे के भरोसा दिहले बाड़न.
- पश्चिम बंगाल के छह गो शहरन के नाम ममता बनर्जी सरकार बदल दिहले बिया. सिलिगुड़ी अब तीस्ता नदी का नाम पर तीस्ता, बोलपुर रवींद्रनाथ टैगोर के गीत संग्रह ‘गीताबितान’ के नाम से, आसनसोल-दुर्गापुर के नाम काजी नजरूल इस्लाम के काव्य संग्रह ‘अग्निबीणा’ से, मालदा जिला के गजलडोबा के ‘मुक्त तीर्थ’, बगल के गरिया के ‘उत्तम सिटी’, आ नदिया जिला के कल्याणी के नाम ‘समृद्धि’ क दिहल गइल बा.
- बियफे का दिेने पाकिस्तानी सेना के हवाई हमला में खैबर इलाका के तिराह घाटी में नाहियो त 22 गो आतंकियन के मारल गइला के खबर बा. ओकनी के ठिकाना पर मौजूद गोला बारूद के भंडारो उड़ा दिहल गइल बा.
- बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के कहना बा कि पीएम मोदी जमीन अधिग्रहण कानून के मान से सवाल मत बनावसु. नीतीश कहलन त बाकिर उनुका कहला के मतलब इहे रहल कि देश के विरोधी गोल एह सवाल के अपना मान के सवाल बना लिहले बाड़े आ ओह लोग के देश के विकास से अधिका मतलब अपना राजनीति के चमकवला से बा. देश जाए चूल्हेभाँड़ में. किसानन के भड़कावे में सगरी विरोधी दल आ मीडिया लागल बिया. एही नौटंकी का फेर में आआपा के किसान रैली में एगो कारोबारी के किसान बना के फाँसी पर लटक जाए खातिर उकसा के ओकर जान ले लिहल गइल.
- जम्मू कश्मीर में भाजपा गठबन्हन के सरकार बनला के एगो फायदा ई भइल बा कि ओहिजा के आतंकियन आ अलगाववादियन के सेकूलर गिरोह से मिले वाला समर्थन कम हो गइल बा. एही चलते एगो अलगाववादी नेता मसर्रत आलम भट्ट पर शिकंजा कसत ओकरा पर जन सुरक्षा कानून लगा के जम्मू के जेल में भेज दिहल गइल बा.
- बदलापुर नगरपरिषद के चुनाव में शिवसेना के 24 सीट आ भाजपा के 20 सीट मिलल बा. कांग्रेस आ एमएनएस के खातो ना खुल पावल जबकी राकांपा के 2 गो सीट मिलल बा. शिवसेना के अकेले बहुमत मिल गइल बा 47 सीट वाला बदलापुर नगरपरिषद में. शिवसेना आ भाजपा अलग अलग लड़ल रहले.
- सवर्ण आयोग के सिफारिश पर अमल करे वाला राज्यन में बिहार अकेला बा. बाकिर कवनो राज्य में सवर्ण आयोग नइखे बनावल गइल. बिहार के सवर्ण आयोग के कहना बा कि सालाना डेढ़ लाख रुपिया के कम आमदनी वाला सवर्ण के गरीब परिवार मानल जाव आ ओह लोग के सरकार के सगरी कल्याणकारी योजना के फायदा दिहल जाव.
- बिहार में शुक का साँझ फेरू बँड़ेरा उठे के अनेसा जतवले बावे मौसम विज्ञान केन्द्. गनीमत अतने बा कि अबकी के बँड़ेरा के रफ्तार पचास किलोमीटर प्रति घंटा से कम के होखी जवना चलते नुकसान कम होखी.
- बियफे का दिने बाबू वीर कुंवर सिंह के जयंती पूरा प्रदेश में धूमधाम से मनावल गइल. मुख्य कार्यक्रम भोजपुर के जगदीशपुर किला में भइल जवना में मंत्री लेशी सिंह आ विधायक भाई दिनेश समेत अनेके खासमखास लोग शामिल भइल. पटना में बाबू कुंवर सिंह के मूर्ति पर मुख्यमंत्री नीतीश कुमार माला चढ़वले.
- बक्सर जिला के कृष्णा ब्रह्म क्षेत्र के रहतुआ गांव में संपत्ति के झगड़ा ले के एगो बेटा अपना बापे के गोली मार के मुआ दिहलसि.
0 Comments