भोजपुरी में देश दुनिया के खबर (मंगल, 12 मई 2015)
  • जुर्माना लगावल जाई आ ओइसन जगहा काम करे वाला लोग पर पचीस हजार रुपिया जुर्माना लगावल जाई. राज्य सरकार फिलहाल एकरा के बारह गो जिला में लागू क दिहले बिया आ बाकिओ जगहे जल्दिए लागू करा दीहल जाई.
  • देश मे` गरीबन के गिनिती बढ़ावे जात बिया केन्द्र सरकार. एकर मतलब ई भइल कि अब गरीबी मापे के पुरनका पैमाना का जगहा नया पैमाना बनावल जाई जवना से पहिले से अधिका लोग गरीब मान लीहल जइहें आ ओह लोग के गरीबन के मिले वाला सहायता मिले लागी. पिछला सरकार गरीबी के पैमाना अइसन बना दिहले रहुवे कि बहुते गरीबन के ओह दायरा से निकाल दीहल रहे.
  • झारखंड में चल गइल गाँवन के नक्शा देबे से बिहार सरकार मना कर दिहले बाया. बिहार सरकार के कहना बा कि जबले सगरी बाँट बखरा वाला मामिला सलटा नइखे लीहल जात तबले ई नक्शा ना दीहल जाई. एह बात के जानकारी झारखंड के राजस्व व भूमि सुधार मंत्री अमर कुमार बाउरी सोमार का दिने मीडिया के दिहलें.
  • बिहार में नर्सिंग होम भा क्लिनिक चलावे खातिर अब लाइसेंस लेबे के पड़ी आ बिना लाइसेंस क्लिनिक भा नर्सिंग होम चलावे वाला के पचास हजार से ले के पाँच लाख तक के आतंकी इस्लामिक स्टेट के खलीफा अबु बकर अल बगदादी के रीढ़ में लागल चोट का बाद लकवा मार दिहले बा आ ऊ चल फिर नइखे सकत बाकिर बोले आ सुने के ताकत मौजूद बा. एह हालात में संगठन के शूरा आपन नया खलीफा चुने वाली बिया जे आराम से सीरिया आ इराक के मोर्चा पर आ जा सके.
  • यूपी के बहराइच से पन्द्रह साल से फरार चलत इस्लामिक आतंकवादी इरफान अहमद के गिरफ्तार कर लीहल गइल बा. ओकरा पर लश्कर के आतंकी होखे आ इंडियन मुजाहिदीन संगे मिल के काम करे के आरोप बा. इरफान बहराइच के नजीरपुरा के रहे वाला ह आ ठेर दिन से नेपाल में लुका के रहत रहुवे. स्पेशल सेल के पता चलल कि ऊ बहराइच आवे वाला बा त पुलिस घेराबंदी क के ओकरा के गिरफ्तार कर लिहलसि.
  • एह घरी लागत बा कि देश के अदालत अपराधियन के जमानत देबे के हाराबाजी में लागल बाड़ी स. आरोपियन के भलही जमानत ना मिल पावे बाकिर दोषी साबित हो चुकल लोग के धड़ाधड़ जमानत दीहल जा रहल बा. अउर ना त निचला अदालतन के फैसले रोक दीहल जात बा. हालही में सलमान खान के जमानत मिलल, फेर काल्हुए जयललिता पर नाजायज संपति राखे का मामिला के रद्द क के बरी क दीहल गइल आ काल्हुए सत्यम घोटाला के दोषी रामलिंगम राजू समेत सगरी दोषियन के जमानत दे दीहल गइल. बाकिर साध्वी प्रज्ञा ठाकुर पर चार्ज शीट तकले नइखे बनल बाकिर पिछला छह बरीस से उनुका के जेल में राखल गइल बा. जबकि साध्वी प्रज्ञा ठाकुर कैंसर के मरीज हई आ उनकर तबियत बहुते खराब चलत बा.
  • स्कूटी से अपना बेटी के स्कूल से ले के लवटत मेहरारू के दिल्ली के एगो हेड कांस्टेबल चालान करे के धमकी दे के दू सौ रुपिया घूस मँगलसि आ ना मिलल त ईंटा मार के ओकर कपार फोड़ दिहलसि. बाद में घटना के वीडियो सामने आ गइल आ ओह कांस्टेबल के निलंबित कर के गिरफ्तार कर लीहल गइल.
  • विधानसभा के चुनाव त अबही देर बा बाकिर विधान परिषद के चुनाव कपारे आइल बा. एह चुनाव खातिर सीट के बॅटवारा के मसला राजद आ जदयू का बीच नइखे सलटत आ अब जदयू एह खातिर बँवारा गोलन से आ कांग्रेस से सौदाबाजी करे में लागल बिया.
  • गरमी के मौसम आवते यूपी के लोग त्राहिमाम करे लागल बा काहें कि बिजली के अंधाधुंध कटौती चालू हो गइल बा. जहाँ मुलायम के परिवार के लोग सांसद विधायक बा ओह जगहन पर त बेहिसाब बिजली मिलत बा बाकिर दोसरा इलाकन के जरूरतो भर बिजली नइखे देत अखिलेश सरकार.
  • जनता परिवार के अलग अलग गोल के आपस में विलय के बात पर अनबन के खबरन का बीच बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के कहना बा कि एह बात पर पाछे हटे के सवाले नइखे. कहलन कि सभे मिलके एकर एलान क दिहले बा आ मुलायम सिंह के पार्टी के अध्यक्ष बना दिहले बा. ओने हिंदुस्तानी आवाम मोर्चा के संस्थापक आ हालही में मुख्यमंत्री रहल जीतन राम मांझी के कहना बा कि एह लोग के निजी फायदा लेबे के मकसद का चलते जनता परिवार के महाविलय कवनो हाल में ना हो सकी.
  • एक महीना से बेसी समय से हड़ताल पर चलत बिहार के नियोजित शिक्षक लोग आखिरकार सोमार का दिन से जेल भरो अभियान शुरु क दीहल. सोमार का दिने राज्यभर से शिक्षक लोग के गिरफ्तारी देबे के खबर आइल बा. कहत बा लोग कि माँग पूरा होखे तकले जेल भरे के अभियान जारी रही.
  • चंदौली जिला के जलालपुर गाँव में सोमार का दिने घुसल तेंदुआ के एगो घर में बंद कर दीहल लोग आ अब वन विभाग के अधिकारियन के इंतजार होखत बा जे आवे आ ओकरा के पकड़ के ले जा सके. टीम कानपुर से आवे वाली बा.
  • पश्चिम चम्पारण जिला के साठी इलाका के सतवरिया गॉव का नियरा माटी लादल ट्रैक्टर पलटला से एगो नवही के मौत ठाँवे पर हो गइल आ दू जने के घाहिल हाल में अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
  • सारण जिला के भेल्दी इलाका के मलाही गांव का नियरा एगो फेड़ पर लटकत नवही के लाश मिलल बा. पुलिस ओकरा के पोस्टमार्टम खातिर भेज दिहले बिया.
  • तमिलनाडु के मुख्‍यमंत्री रहल जयललिता के मालूम आमदनी से बेसी के संपति राखे खातिर चलत मुकदमा में कर्नाटक उच्‍च न्‍यायालय सोमार का दिने सगरी आरोपियन के बरी कर दिहलसि. निचली अदालत में जयललिता के दोषी मानत एक अरब रुपिया के जुर्मानो लगावल गइल रहुवे बाकिर उच्च न्यायालय सगरी आरोपियन के पाक साफ कर दिहलसि. अब जयललिता फेरू तमिलनाडु के मुख्यमंत्री बन जइहें. एह खबर का बाद पीएम मोदी जयललिता के फोन क के बधाई दिहलन.
  • लोकसभा से अघोषित विदेशी आय आ परिसम्‍पत्ति करारोपण विधेयक 2015 के ध्‍वनिमत से सोमार का दिने पारित कर दीहल गइल. अब आपन विदेशी आय लुकावे छिपावे वाला लोग के तीन बरीस से दस बरीस तक के जेल के सजाय मिल सकेला. अलग बात बा कि समरथ के नहीं दोष गुसाईं वाला अदालती रुख का चलते कवनो बड़का आरोपी के सजा मिल पाई कि ना. उमेद कइला के कवनो वजह नइखे लउकत. हँ छोटका चोर आ मध्यम वर्ग के लोग के परेशानी जरूर बढ़ जाई काहें कि ओह लोग का लगे बड़का वकीलन के देबे लायक फीसे ना जुड़ी जे अदालत से ओह लोग के बरी करा पावे.
  • बाम्बे स्टाक एक्सचेंज के सेंसेक्स सोमारो का दिने जम के बढ़ल. सोमार का दिने सेंसेक्स में 402 अंक के उछाल आइल. शुको का दिने जोरदार बढ़ती भइल रहुवे आ अब कुछ दिन ले ई उछाल बढ़त रहे के उमेद जतावल जात बा काहें कि विेदेशी निवेशकन पर लागे वाला टैक्स के मसला दरी का नीचे दबा दीहल गइल बा.
  • बॉलीवुड बादशाह आ कोलकाता नाइटराइडर्स टीम के मालिक शाहरूख खान बियफे का दिने मुंबई में होखेवाला मैच ना देख पइहें काहें कि उनुका पर वानखेडे स्टेडियम में घुसे पर पाबन्दी लागल बा. पिछला साल एमसीए एह पाबन्दी के हटावे के मन बना लिहले रहुवे बाकिर बाद में टार दिहलसि आ अबले पाबन्दी बरकरार बा.
  • सोमार का दिने हैदराबाद में भइल आई.पी.एल. मैच में सनराइजर्स हैदराबाद टीम किंग्स इलेवन पंजाब टीम के पाच रन से हरा दिहलसि.
  • ब्राजील, रूस, भारत, चीन आ दक्खिन अफ्रीका के बनावल नयका ब्रिक्स बैंक के अध्यक्ष भारत के आईसीआईसीआई बैंक के चेयरमैन रहल के डी कामथ के बनावल गइल बा. इनकर कार्यकाल पाँच बरीस के होखी.
  • देश के बैंकन के दीहल कुल कर्जा के एक तिहाई हिस्सा महज एगारह हजार कंपनियन का लगे बा जवना में से ढेरे कर्जा डूब गइल बा भा डूबे का कगार पर बा. बड़का कर्जदार अपना रसूख के इस्तेमाल क के बैंकन से बड़हन कर्जा ले लेबेलें आ बाद में लवटइबो ना करसु. बैंक में आम आदमी अपना मेहनत के कमाई जमा कर के पूंजी देला जवन पूंजी एह बड़कन के कामे आ जाला आ आम आदमी तिकवते रहि जाला जब ओकरा कवनो करजा के जरूरत होला.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *