भोजपुरी में लिखे वाला नवहियन के बढ़ावा

भोजपुरी के संविधान के अठवीं अनुसूची में शामिल करावे ला लोग गाजा बाजा ले के लागल रहेला. ओह लोग के सफलता ला शुभकामना करत अँजोरिया अपना तरीका से भोजपुरी के सेवा करे में लागल बिया. भोजपुरी के इस्तेमाल बढ़ावे खातिर एह काम में नवहियन के जोड़ल जरुरी बा. इहे सोच के अँजोरिया परिवार के समाचार साइट टटका खबर हर महीना कुल मिला के दस हजार एक सौ रुपिया के पुरस्कार देबे के फैसला कइले बावे. शर्त बस इहे बा कि –

1. लिखनिहार भोजपुरी इलाका के कवनो कॉलेज में पढ़त होखे.
2. प्रतियोगिता में शामिल रहे ला महीना में कम से कम दस गो खबर भोजपुरी में लिख के पठावे के होई. खबर कवनो अखबार में ओह बेरा ले छपल मत होखो आ ओह खबर का बारे में भेजेवाला का लगे निजी जानकारी होखे के चाहीं. खबर से जुड़ल फोटो वाला खबरन के पुरस्कृत करे में प्राथमिकता दीहल जाई.
3. कम से कम दस गो खबर भेजला का बादे प्रतियोगिता में शामिल कइल जाई.
4. प्रतिभागी बने ला अपना स्मार्ट फोन से 9935323490 प व्हाट्सअप करीं.
5. 20 अप्रेल से रोज एगो पुरस्कार सौ रुपिया के होखी जवन ओह दिन के सबले खास खबर प दीहल जाई. एकर फैसला संपादक के रही आ संपादक के फैसला के चुनौती ना दीहल जा सकी.
6. हर हप्ता उजागर भइल खबरन में सबले अधिका खबर भेजे वाला के पाँच सौ रुपिया दीहल जाई.
7. 20 तारीख से अगिला महीना के 19 तारीख का बीच जेकर सबले अधिका खबर उजागर भइल रही उनुका के पाँच हजार रुपिया के इनाम दीहल जाई.
8. पुरस्कारन के गिनिती आगे चल के बढ़ावल भा घटावल जा सकेला भा पुरस्कार योजना बिना कवनो जानकारी दिहले बंद कइल जा सकेला.
9. प्रतियोगिता ला कवनो शुल्क नइखे आ एह प्रतियोगिला के कबो बन्द कइल जा सकेला.

एह बीच बढ़िया काम करे वाला नवहियन के कॉपी लिखे का पद प संविदा प बहाल कइल जा सकेला. टटका खबर ला विज्ञापन जुटावे वाला के 30 फीसदी कमीशनो दीहल जाई. ई विज्ञापन पेड न्यूज का रुप में रही आ कवनो राजनीतिक खबर एह में उजागर ना कइल जाई.

प्रतिभागियन के सूची देखीं – भोजपुरिया नवही

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *