लोक सभा चुनाव के पांचवाँ डेग के चुनाव आजु सोमार का दिने देश के उनचास लोकसभा सीट ना हो रहल बा. ई सीट आठ गो राज्य आ केंद्र शासित प्रदेशन में बाड़ी सँ. एकरा साथही आजु ओडिशा विधानसभा चुनाव के दुसरका डेग के चुनावो करावल जा रहल बा.
चुनाव आयोग बतवले बा कि आजु 8.95 करोड़ मतदाता 94,732 मतंदान केंद्रन पर ईवीएम के बटन दबा के 695 उम्मीदवारन में से अपना पसन्द के 49 गो सांसद चुनीहें. एह सीटन में 39 गो सामान्य श्रेणी के, 3 गो अनुसूचित जनजाति के आ 7 गो सीट अनुसूचित जाति वाला हईं सँ.
मतदान आ सुरक्षा अधिकारियन के आवागमन ला 17 गो विशेष रेलगाड़ी चलावल जइहें सँ आ 508 गो उड़ान हेलीकॉप्टरन के होखे वाला बा.
आजु होखे जा रहल चुनाव में उत्तर प्रदेश के 14, महाराष्ट्र के 13, पश्चिम बंगाल के 7, ओडिशा अउर बिहार के 5 – 5 सीट, झारखंड के 3 गो, आ जम्मू-कश्मीर अउर लद्दाख के 1 -1 सीट शामिल बाड़ी सँ.
आजु जवना खास लोग उम्मीदवार बा ओहमें रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह, कांग्रेस के अध्यक्ष रहल राहुल गांधी, केन्द्रीय मंत्री स्मृति ईरानी, जम्मू-कश्मीर के मुख्यमंत्री रहल उमर अब्दुल्ला, लोक जनशक्ति पार्टी (रामविलास) के चिराग पासवान, केन्द्रीय मंत्री पीयूष गोयल, साध्वी निरंजन ज्योति, आ भाजपा नेता राजीव प्रताप रूड़ी अउर लालू के बेटी रोहिणी आचार्य के नाम रेघरियावे जोग बा.
आजु का चुनाव का बाद लोकसभा के कुल 543 सीटन में से 428 सीटन पर मतदान पूरा हो जाई. आजु का बाद चुनाव के दू गो डेग बाकी रहि जाई जवन 25 मई आ 1 जून के करावल जाई. एके जून के साँझ से टीवी चैनलन पर कुकुरबझाँव के दौर शुरु हो जाई जवन 4 जून के आखिरी परिणाम आ गइला का बादो कुछ देर ला चलत रही. अनेसा त नइखे बाकिर जे कहीं इन्डी गठबन्हन दूइयो सौ का पजरा चहुँप जाई त ओकरा बाद के नौटंकी देखे जोग रही. बाकिर भगवान मत करसु कि देश के ऊ दिन देखे के पड़े.
0 Comments