प्रधानमंत्री के बयान के धज्जी उड़ा दिहलसि विपक्ष

by | Aug 17, 2011 | 0 comments

प्रधानमंत्री आजु संसद में अन्ना के गिरफ्तारी पर अपना बयान में अन्ना समर्थकन के विरोध करे के तरीका के गलत ठहरवले आ कहले कि संसद सर्वोच्च संस्था ह आ ओकरा के चुनौती दिहल जा रहल बा. कहलन कि सरकार लोकतांत्रिक अधिकारन के समर्थक हिय.

राज्यसभा में विपक्ष के नेता अरुण जेटली के कहना रहल कि संसद के सर्वोच्चता पर त कवनो विवादे नइखे. विवाद एह पर बा कि सरकार का लगे भ्रष्टाचार से लड़े के राजनीतिक इच्छा शक्ति नइखे. कहलन कि जब बहुते वकील सरकार के सलाह दीहें त इहे होखे वाला बा.

लोकसभा में विपक्ष के नेता सुषमा स्वराज प्रधानमंत्री के लमहर बयान के असत्य के पुलिन्दा बतवली. कहली कि सरकार कइसे अपना के लोकतांत्रिक अधिकारन के समर्थक बतावत बिया जबकि चार जून का राति सूतल निहत्था लोग पर शामियाना का भीतर आँसू गैस छोड़ल गइल, लाठी चार्च कइल गइल, नौ अगस्त के भाजयुमो के रैली पर पुलिस के लाठीचार्ज करावल गइल, सोलह अगस्त के अन्ना हजारे के धारा १४४ तूड़े से पहिले गिरफ्तार कर लिहल गइल.

सुषमा स्वराज के सबले बड़ शिकायत रहल कि सरकार खुदे संसदीय परंपरा के, संसद के प्रतिष्ठा कम कइलसि जब लोकपाल बिल ड्राफ्ट करे वाला समिति में विपक्ष के कवनो प्रतिनिधि ना रखलसि. तब त कहलसि कि एह समिति में विपक्ष के जरूरते नइखे आ अब जब मामिला अझूरा गइल बा त संसद आ संसदीय परम्परा याद आवत बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up