असलहा देखा के बोलेरो लूट ले गइले बदमाश

देवरिया 02 नवम्बर (वार्ता) देवरिया जिला के गौरीबाजार क्षेत्र मे शुक का देर रात असलहा देखा के कुछ बदमाश बोलेरो गाडी लूट ले गइले.

पुलिस बतावत बिया कि गोरखपुर के उमेश बोलेरो गाडी से सवारी ढोवेला. शुक के देर रात ड्राइवत नदीम गोरखपुर रेलवे स्टेशन का लगे बोलेरो ले के खड़ा रहुवे तबहिए चार जने अइले आ गाडी बुक क के गौरीबाजार ले गइले.

रास्ता मे ऊ बदमाश ड्राइवर आ खलासी रहमान के हाथ गोड़ बान्ह के गौरीबाजार के खरोह का लगे उतार दिहले आ बोलेरो ले के भाग निकलले. एह मामिला में केस दर्ज क के पुलिस आरोपियन के तलाश करत बिया.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।