लक्ष्मीबाई के जन्मोत्सव धूमधाम से मनावल गइल
-

वाराणसी 02 नवम्बर (वार्ता) आजादी के पहिलका लड़ाई के वीरांगना लक्ष्मीबाई के जन्मोत्सव शनिचर का दिने उनका भदैनी (अस्सी) के जन्मस्थान पर धूमधाम से मनावल गइल.

महारानी लक्ष्मीबाई न्यास के आयोजित एह कार्यक्रम मे 18 गो महिला महाविद्यालय, राष्ट्र सेविका समिति, आ अउरिओ संस्था के कार्यकर्ता शामिल भइले. एगो छात्रा के लक्ष्मीबाई बनाके झांकी निकालल गइल आ वक्ता लोग लक्ष्मीबाई के शील, त्याग, वीरता आ राष्ट्रप्रेम के गाथा सुनावत कहलन कि आजु देश के वइसने नारियन के जरूरत बा.

एह मौका पर स्कूली छात्रा संगीत, डांडिया नृत्य, आ देशभक्ति के गीतन से लोग के मन मोहल.

समारोह मे मौजूद लोग लक्ष्मीबाई के जन्मस्थली के अधिग्रहण क के ओहिजा उनकर भव्य स्मारक बनावे के मांग कइले.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts