घुंघरू बजा के

घुंघरू का बजते हमनी के अगल बगल के माहौल संगीत मय बनि जाला बाकिर दीपक सावंत आ अभिषेक चड्ढ़ा के फिल्म “गंगादेवी” में जब एगो अपंग, तोतला आ चुगलखोर शख्स बाकी किरदारन के आपसी संबंधन में सेंध लगावे खातिर घुंघरू के झंकार छेड़ी त भोजपुरी फिलिमन में खलनायकी के सगरी तार झनझना उठी. “ता हुदूर धुंधरु बजा ते..” के तकिया कलाम का साथ एह फिल्म के सगरी किरदारन के नाच नचावे वाला एह किरदार के नाम हऽ गिरीश शर्मा. अबले कई फिलिमन में अपना खलनायकी के तेवर देखा चुकल गिरीश शर्मा एह फिल्म में अपना जिनिगी के सबले यादगार रोल में नजर अइहे.

वइसे त एह फिल्म में दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’, पाखी हेगड़े, भरत शर्मा व्यास, आ बॉलीवुड के बैडमैन गुलशन ग्रोवर जइसे धुरंधर मौजूद बाड़े लेकिन खुद निर्देशक अभिषेक चड्ढ़ा के कहना बा कि ‘घुंघरूलाल’ उनुकर पसंदीदा किरदार हवे.


(रंजन सिन्हा के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।