चंपा विश्वास कांड पर बनल बतावल जात बा ‘चिंगारी’

सगरी बिहार को झिंझोर देबे वाला चंपा विश्वास बलात्कार कांड अब सिनेमा भोजपुरी के परदा पर देखे के मिले वाला बा. साल 1995 के एह कांड के आधार बना के बनल फिल्म ‘चिंगारी’ में तबके सत्तासीन दल के एगो विधायक के बेटा बिहार के एगो प्रशासनिक अधिकारी के पत्नी चंपा विश्वास के कई बरीस ले धमका के बलात्कार करत बा. जब आजीज आ के चंपा ई बात अपना पति के बतावत बाड़ी त मामला कोर्ट चहुँपत बा. मानवाधिकार आयोग के दखल का बाद कोर्ट से ओह बलात्कारी आ ओकरा महतारी के सजा सुनावल जात बा.

‘चिंगारी’ फिल्म भारत आ हांगकांग के कंपनी मिल के करत बाड़ी सँ. भारत के खुशी क्रियेशंस एण्ड कम्यूनिकेशन के श्रेय श्रीवास्तव आ हांगकांग के कंपनी सिटी इंटरटेनमेंट लिमिटेड के विकास राय एह फिल्म के निर्माता हउवें. चंपा विश्वास के भूमिका में रानी चटर्जी बाड़ी. हॉलीवुड अभिनेता वारविक डेविसो एह फिल्म में बाड़ें. निर्देशक हउवें के.डी..

वारविक डेविस एह फिल्म में बीबीसी रिपोर्टर बनल बाड़ें जे पूरा दुनिया के एह कांड का बारे में बतावत बा.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *