चंपा विश्वास कांड पर बनल बतावल जात बा ‘चिंगारी’

सगरी बिहार को झिंझोर देबे वाला चंपा विश्वास बलात्कार कांड अब सिनेमा भोजपुरी के परदा पर देखे के मिले वाला बा. साल 1995 के एह कांड के आधार बना के बनल फिल्म ‘चिंगारी’ में तबके सत्तासीन दल के एगो विधायक के बेटा बिहार के एगो प्रशासनिक अधिकारी के पत्नी चंपा विश्वास के कई बरीस ले धमका के बलात्कार करत बा. जब आजीज आ के चंपा ई बात अपना पति के बतावत बाड़ी त मामला कोर्ट चहुँपत बा. मानवाधिकार आयोग के दखल का बाद कोर्ट से ओह बलात्कारी आ ओकरा महतारी के सजा सुनावल जात बा.

‘चिंगारी’ फिल्म भारत आ हांगकांग के कंपनी मिल के करत बाड़ी सँ. भारत के खुशी क्रियेशंस एण्ड कम्यूनिकेशन के श्रेय श्रीवास्तव आ हांगकांग के कंपनी सिटी इंटरटेनमेंट लिमिटेड के विकास राय एह फिल्म के निर्माता हउवें. चंपा विश्वास के भूमिका में रानी चटर्जी बाड़ी. हॉलीवुड अभिनेता वारविक डेविसो एह फिल्म में बाड़ें. निर्देशक हउवें के.डी..

वारविक डेविस एह फिल्म में बीबीसी रिपोर्टर बनल बाड़ें जे पूरा दुनिया के एह कांड का बारे में बतावत बा.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.