श्रीकृष्ण जन्माष्टमी पर स्व. कैलाशचंद्र चौधरी के दू गो गीत

1
प्रभु देले दर्शन जेल खानवा में.
प्रभु देलें दर्शन जेल खानवा में
सुनर सलोना घनश्याम बा बदनवा,
ओठवा गुलाबी बाटे कमल नयनवा,
मनियन के माला गरदनवा में।
प्रभु देलें दर्शन जेल खानवा में।
शंख चक्र गदा पद्म हाथवा,
सिर पे मुकुट बा , चनन शोभे माथवा,
पहिनले पितामबरी हो तनवा में
प्रभु देलें दर्शन जेल खानवा में।
बहियाँ बाजुबन कमर करधनिया,
कंगना कलाई आ पांव पैजनिया
किरीट कुंडल शोभे कानवा मे.
प्रभु देले दर्शन जेल खानवा में.
2
उधो के पतिया
उधो श्याम के संघतिया अइले पतिया लेके ना
अपने भइलें आन्हाके के बस में हमनी के बिसराई,
धधकत अंगिया खोरे खातिर उधो के भेजवाई
मरले हमनी के दुलतिया अइले पतिया लेके ना।
लाज लगत तनिको नजरी, बड़ भारी हरजाई
प्रीति के रीति ना जाने हरदम कइले उ बेवफाई
रखले बाड़े कादो सवतिया , अइलें पतिया लेके ना।
उधो श्याम के संघतिया अइले पतिया लेके ना।
ई यशोदा के छैला पीयले घाट घाट के पानी,
जाति अहिर सबदिन के अवाटी कईले सदा मनमानी,
कईले हमनी सगे घतिया अइले पतिया लेके ना
उधो श्याम के संघतिया अइले पतिया लेके ना।
ऐ उधो तु जाके कहिह् उन्हका के समझाई,
काहे छिड़कत नुन जरे पर हइ सन्देस पठाई,
काहे कइले पत्थर छतिया अइले पतिया लेके ना।
उधो श्याम के संघतिया अइले पतिया लेके ना।


0 Comments