सत्तन जी के प्राणवायु रहल भोजपुरी : प्रो. अनिल राय
- टीम अंजोरिया

सत्तन जी के प्राणवायु रहल भोजपुरी : प्रो. अनिल राय

प्रो. रामदरश राय ‘स्व. सत्तन सम्मान’ से सम्मानित

गोरखपुर। आजु के एह दौर में, जब मानवीय संवेदना छीजत जा रहल बा, केहू के सम्मानित कइल बहुते बड़ बात बा। स्व. सत्यनारायण मिश्र भोजपुरी के जीअत रहनी, ओढ़त रहनी आ बिछवतो रहनी। भोजपुरी भाषे उहाँ के प्राणवायु रहल।

ई विचार गोरखपुर विश्वविद्यालय के हिंदी विभाग के पूर्व अध्यक्ष प्रो. अनिल कुमार राय के ह, जवन उहाँ भोजपुरी संगम संस्था का ओर से अतवार के गोरखपुर जर्नलिस्ट प्रेस क्लब के सभागार में आयोजित ‘सत्तन सम्मान’ समारोह के संबोधित करत घरी व्यक्त कइनी। एह समारोह में गोरखपुर विश्वविद्यालय के हिंदी विभाग के पूर्व अध्यक्ष प्रो. रामदरश राय के ‘स्व. सत्तन सम्मान’ से सम्मानित कइल गइल। कार्यक्रम के अध्यक्षता डॉ. आद्या प्रसाद द्विवेदी आ संचालन डॉ. फूलचंद प्रसाद गुप्त कइनी।

कार्यक्रम के शुरुआत संस्था के संयोजक कुमार अभिनीत के स्वागत भाषण से भइल। एकरा बाद प्रो. रामदरश राय के सम्मानित कइल गइल। एकरा बाद उमाकांत राय, डॉ. वेद प्रकाश पांडेय आ दैनिक ‘आज’ के प्रबंधक अखिलेश चंद आपन विचार रखनी।

एही क्रम में गोरखपुर विश्वविद्यालय के हिंदी विभाग के डॉ. सुनील यादव कहनी कि स्व. सत्तन के रचनन में समाज के विद्रूपता के चित्रण बहुते सहज ढंग से कइल गइल बा। आगरा दूरदर्शन केंद्र के स्टेशन डायरेक्टर डॉ. ब्रजेंद्र नारायण कहनी कि उहाँ के पूरा व्यक्तित्व भोजपुरी के समर्पित रहल।

कार्यक्रम के संबोधित करत गोरखपुर विश्वविद्यालय के हिंदी विभागाध्यक्ष प्रो. विमलेश मिश्र कहनी कि स्व. सत्यनारायण मिश्र भोजपुरी बोली के भाषा बनावे का अभियान में पूर्णकालिक कार्यकर्ता रहनी। उहाँ सम्मानित प्रो. रामदरश राय के बधाई दिहनी।

आपन अध्यक्षीय उद्बोधन में डॉ. आद्या प्रसाद द्विवेदी भोजपुरी साहित्य के उन्नति से जुड़ल कई गो महत्त्वपूर्ण विचार साझा कइनी। आखिर में भोजपुरी संगम संस्था के संयोजक इं. राजेश्वर सिंह कार्यक्रम में उपस्थित सभे लेखक-साहित्यकारन के प्रति आभार जतवनी।

कार्यक्रम में सुविख्यात कवि चंदेश्वर परवाना, धर्मेंद्र त्रिपाठी, रवींद्र मोहन त्रिपाठी, वीरेंद्र मिश्र ‘दीपक’, डॉ. कुमार विनीत समेत कई दर्जन रचनाकार उपस्थित रहलें।

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts