फिल्म फेयर का बाद अब स्टारोडस्ट में मनोज तिवारी

भोजपुरी सिनेमा के मेगा स्टार मनोज तिवारी फिल्म फेयर पत्रिका का बाद अब स्टार डस्ट पत्रिको में नजर अइहें. पत्रिका में जगहा भोजपुरी सिनेमा अउर भाषा क बढ़ावा देबे में लागल मनोज तिवारी के हिंदी फिल्म ‘‘गैंग्स ऑफ वासेपुर’’ में उनकर गावल गाना खातिर दिहल गइल बा. स्टार डस्ट अपना जून २०१२ का अंक में मनोज तिवारी के बारे में लिखले बा कि फिल्म के ई गाना ‘‘जियो ए बिहार के लाला…..’’ फिल्म के हाईलाईट बन गइल बा, पत्रिका के कहना बा कि हिंदी फिलिम में गायक के तौर पर सफल भइला का बाद मनोज तिवारी के बतौर एक्टरो हिंदी सिनेमा में पसंद कइल जाई.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..