महागठबन्हन के नेता के चुनाव काल्हु शनिचर का दिने

बिहार के 16वीं विधानसभा ला चुनल गइल महागठबंधन के विधायकन के बइठक काल्हु पटना में होखी जवना में नीतीश कुमार के नेता चुनल जाई. राजद विधायक दल के नेता के चुनाव आजुए हो जाई आ अधिका उमेद बा कि जेकरा के चुनल जाई ओकरा के उपमुख्यमंत्री बनावल जाई. जदयू आ कांग्रेस के विधायक दलन के बइठक काल्हु होखी जवना में ई लोग आपन आपन नेता चुनीहें. वइसे नीतीश कुमार विधायक ना विधान पार्षद हउवन आ ऊ चुनाव ना लड़ल रहलन.
बिहार के मौजूदा नीतीश सरकार के कैबनेट का आखिरी मीटिंग काल्हु होखी जवना में 15 वीं विधानसभा के भंग करे के सिफारिश राज्यपाल से करे के फैसला कइल जाई. एह प्रस्ताव के राज्यपाल के मंजूरी मिलला का बादे नयका सरकार बनावे के प्रक्रिया शुरू होखी.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।