पटना के 41 गो गंगा घाट खतरनाक घोषित
-

छठ के तइयारी के में लागल पटना जिला प्रशासन गंगा के 41 गो घाटन के खतरनाक बतावत एह घाटन पर ना जाए के अपील कइले बावे. प्रशासन के कहना बा कि 15 नवंबर से पहिले छठ पूजा से जुड़ल सगरी प्रशासनिक तइयारी पूरा क लीहल जाई. हर घाट पर सुरक्षा बल के तैनाती रही आ घाट पर पटाखा फोड़े आ आतिशबाजी पर रोक लगावल रही.
एह बीच बियफे का दिने भाजपा नेता नंद किशोर यादव, केन्द्रीय राज्य मंत्री राम कृपाल यादव, विधायक अरूण कुमार सिन्हा वगैरह गंगा के घाटन के देखे निकलल लोग आ सफाई के काम तेज करे के कहल लोग.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts