विदेशी चंदे के जांच क हाईकोर्ट का आदेश के स्वागत कइलसि एएपी

नयी दिल्ली 24 अक्टूबर (वार्ता) आम आदमी पार्टी, एएपी, के अध्यक्ष अरविंद केजरीवाल विदेश से चंदा लेबे के आरोप के जाँच करावे के दिल्ली उच्च न्यायालय के निर्देश के स्वागत कइले बाड़न. कहलन कि एएपी के मिलल एक एक रुपिया भारतीय नागरिकन आ कंपनियन से मिलल बा.

लिखले बाड़न कि कुछ अनिवासी भारतीय उनका पार्टी के चंदे के पेशकश कइले त पार्टी मना क दिहलसि काहे कि विदेशी नागरिकन से चंदा लीहल मनाब बा.

जान जाईं कि दिल्ली उच्च न्यायालय एगो वकील मनोहर लाल शर्मा के जनहित याचिका पर सुनवाई करत सरकार से आम आदमी पार्टी के विदेश से चंदा मिलला के आरोपन के जाँच करे के निर्देश दिहलसि.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।