मंत्री नरेन्द्र सिहं पर भाजपा के सुर मे सुर मिलावे के आरोप लगवलसि कांग्रेस

पटना 24 अक्टूबर (वार्ता) बिहार प्रदेश कांग्रेस अपना राष्ट्रीय उपाध्यक्ष राहुल गाँधी के आलोचना करे वाला कृषि मंत्री नरेन्द्र सिंह के निंदा करत कहले बिया कि नरेन्द्र सिहं भाजपा के सुर मे सुर मिलाके आपन परिचय देत बाड़े.

प्रदेश कांग्रेस मीडिया विभाग के प्रभारी प्रेम चन्द्र मिश्रा कहलन कि राजस्थान मे भाषण देत राहुल प्रधानमंत्री रहल इंदिरा गाँधी आ राजीव गाँधी के हत्या के चरचा क के सहिए कइलन. एह बयान पर जदयू के कुछ नेता अपना हताशा आ घबराहट में बयान देत बाड़े.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..