सेकूलर ताकत मिल के निपटे भाजपा से येचुरी

देश में बढ़त साम्प्रदायिक घटनन ला संघ आ भाजपा के जिम्मेदार ठहरावत माकपा नेता सीताराम येचुरी कहले बाड़न कि एह लोग के नापाक मंसूबा के पर्दाफाश करे ला लोकतांत्रिक सेकूलर आ वाम ताकतन के एकजुट कोशिश करे के चाहीं. ई बात येचुरी पार्टी के मुखपत्र पीपुल्स डेमोक्रेसी के ताजा अंक मे प्रकाशित अपना संपादकीय मे कहले बाड़ें.

लिखले बाड़न कि बेशक मुजफ्फरनगर मे हिंसा खातिर उत्तर प्रदेश प्रशासन के नाकामिए जिम्मेदार बा बाकिर आर एस एस आ भाजपा के नापाक मंसूबन आ साझा राजनीतिक खेलो के नजरंदाज ना करे के चाहीं. एह लोग के कोशिश बा कि मजहबी ध्रुवीकरण होजाव देश में.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment