गोरखपुर के खोराबार में सड़क हादसा – एगो औरत के मौत – दस जने घवाहिल
-

गोरखपुर जिला के खोराबार इलाका में करमहिया गाँव का लगे काल्हु शुक का दिने एगो टेम्पों आ टैंकर के बीच भइल टक्कर मे एगो औरत के मौत हो गइल आ दस जने घवाहिल हो गइलें. टेंपो पर सवार लोग सत्संग खातिर जात रहुवे जब ई हादसा भइल. घवाहिल लोग के अस्पताल में भरती करावल गइल बा जहाँ कुछ लोग के हालत बहुत खराब बतावल जात बा.
पुलिस टैंकर के जब्त कर लिहले बिया बाकिर ओकर ड्राइवर फरार बा.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..