अँजोरिया अब मोबाइलो पर

मोबाइल के बढ़त क्षमता, उपयोग, आ संभावाना के देखत जरुरी लागल कि कुछ व्यावहारिक परिवर्तन कर के अँजोरिया के मोबाइल पर उपलब्ध करा दिहल जाव. अब रउरा अँजोरिया के अपना इन्टरनेट सक्षम मोबाइलो पर पढ़ सकीलें. कुछ अलग पता नइखे. अपना मोबाइल पर टाइप करीं आ अँजोरिया के आनन्द लीं. अपना अनुभव से हमरो के सूचित करब त जवन थोड़ बहुत कोर कसर रह गइल होखी ओकरा के दूर करे के कोशिश कइल जाई.

अँजोरिया परिवार के फिल्मी साईट सिनेभोजपुरी.कॉम के जल्दिये मोबाइल पर सहज तरीका से उपलब्ध करावल जाई.

नया साल के शुभकामना का साथ,
राउर,
संपादक, अँजोरिया

2 Comments

  1. Mukesh Yadav Said.....

    संपादक जी
    बहुत बहुत धन्यवाद ,निमन लागल

  2. manoj mishra

    happy new year

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।