अंजन के रोड शो में अंजना के जलवा

भोजपुरी सिनेमा के गरम लिट्टी अंजना सिंह भोजपुरी के नयका मनोरंजन चैनल “अंजन टीवी” खातिर अपना शहर लखनऊ में मीडिया से रूबरू हो के चैनल का बारे में जानकारी त दिहबे कइली शहर के सड़कन पर अपान काफिला का संगे निकल के रोडो शो कइली.

बतावे जोग बा कि पिछला दिने एह भोजपुरी मनोरंजन चैनल “अंजन टीवी” के भव्य लॉन्चिंग मुंबई में कइल गइल रहे. अंजन टीवी के जन जन तक चहुँपावे खातिर दिल्ली से एगो रोड शो के शुरुआत कइल गइल बा जवन चालीस दिन का अपना सफर में पिछला अतवार के लखनऊ चहुँपल रहे. एह रोड शो के अगुवाई करत रहली लखनऊ के मूल निवासी अंजना सिंह. लखनऊ के लोग अपने शहर के अभिनेत्री के जोरदार स्वागत कइल.

एह रोड शो खातिर मीडिया से रुबरू अंजना सिंह कहली कि जवना शहर में पलइली पसइली ओही शहर में एगो सेलिब्रेटी का रूप में आइल कवनो सपना पूरा भइल जस लागत बा.


(उदय भगत के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..