अंजन टीवी के राँची वाला रोड शो में गुंजन पंत

सिनेमा भोजपुरी के जानल मानल हीरोइन गुंजन पन्त पिछला दिने रांची में निकलल अंजन टीवी के रोड शो में आपन जलवा देखवली. अतवार का दिने दू सौ छोटकी बड़की गाड़ियन के काफिला रांची के सड़कन से गुजरल. मकसद रहे भोजपुरी के नयका मनोरंजन चैनल अंजन टीवी के प्रचार कइल. एह मौका पर अंजन टीवी के चैनल हेड मंजीत हंस आ कंटेंट हेड रजनी सिंह मौजूद रहलें.

एह रोड शो में अभिनेत्री गुंजन पन्त कई जगहा शामिल हो के ओहिजा मौजूद लोगन से सीधा संवाद बनवली. लोग से सवाल पुछली आ सही जवाब देबे वालन के इनाम बँटली.

40 दिन ले चले वाला ई रोड शो उत्तर प्रदेश, बिहार आ झारखंड के 40 शहरन में 5000 कि.मी. के सफर करत 30 सितम्बर के पूरा होखे वाला बा.


(स्रोत : उदय भगत)

3 Comments

  1. Aveenash.Pathak mohan

    Veri good hi…i am mohan pathak Actor 9532223522

  2. mohan pathak

    AVEENASH PATHAK MOHAN AZAMGARH 9532223522 actor and dirctor hindhi .bhojpuri .albom vidio song my best singer manoj. pawan . udith ji and actor ravi kishan jonpur ..neha. pakhi .dinesh. and all bhojpuri klakar. anjan tv

  3. mohan pathak

    anjan tv ko UP m v chlana cahiye jisse bhojpuri or unke artist ko log jan ske

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।