अंजन टी०वी० पर लागी आजु सितारन के मेला

CCCLभोजपुरी के सम्पुर्ण मनोरंजक चैनल अंजन टी०वी० पर आजु 8 फरवरी के सितारन के मेला लागे वाला बा. अंजन टी०वी० के खास परोसा ‘‘सीसीएल ग्लैम नाईट’’ में देखनिहारन ला सितारन के शानदार प्रस्तुति देखे के मिली. एह में सलमान खान, कैटरिना कैफ, बिपाशा बसु, मनोज तिवारी, रविकिशन, श्वेता तिवारी जइसन जानल मानल सितारा आपन शानदार प्रस्तुति दीहें.

सी.सी.एल. ग्लैम नाईट में हास्य कलाकार भारती आ कपिल शर्मा देखेवालन के लोट पोट करा दीहें. शो के संचालन रितेश देशमुख आ आयुष्मान खुराना करीहें. एह मौका पर कैटरिना कैफ “सी.सी.एल.-3” कप पर से परदो हटइहें.

शो के प्रसारण 8 फरवरी के रात 8 ‍30 बजे से कइल जाई. साथही अंजन टी०वी० पर सगरी सी.सी.एल. मैच प्रसारित होखी. 9 फरवरी के होखे वाला भोजपुरी दबंग टीम आ चैन्नई राईनो टीम के मैच के सीधा प्रसारण दुपहरिया तीन बजे से कइल जाई.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।