अंजन टी॰वी॰ पर ‘कोयला’ धारावाहिक

koylaभोजपुरिया के सम्पुर्ण मनोरंजक चैनल अंजन टी॰वी॰ पर एगो नया धारावाहिक ‘कोयला’ के प्रसारण शुरू भइल बा जवन एगो साहसिक, ईमानदार, अउर अनुशासित महिला सुगंधा के कहानी ह. सुगंधा धनबाद के कोयला कंपनी में मैनेजर बन के आवत बाड़ी त ई बात पूरा कोयलांचल में चरचा के बात बन जात बा काहे कि पहिला बेर कवनो औरत एह पद पर आइल बाड़ी. कोयलांचल में माफिया, भ्रष्टाचार आ खून-खराबा आम बात होला बाकिर सुगंधा के काम काज से माफिया आ भ्रष्ट अधिकारियन के छक्का छूटे लागत बा. गँवे गँवे मजदुर आ गरीबन में सुगंधा लोकप्रिय हो जात बाड़ी. एह लोकप्रियता से गलत लोग सुगंधा के जान के दुश्मन बन जाता आ उनुका के एगो फर्जी केस में फंसाके नौकरी से निकाल दिहल जात बा. एकरा बाद धनबाद के जिलाधिकारी से मिलके सुगंधा माफिया आ भ्रष्ट अधिकारियों के खिलाफ मोर्चा खोल देत बाड़ी.

अंजन टी॰वी॰ एह धारावाहिक के माध्यम से कोयलांचल के असली हालात उजागर करत बा. एक्शन, भावना, आ पारिवारिक माहौल पर आधारित एह धारावाहिक के हर सोमार से बियफे ले रात 8.30 बजे से होला.

एह धारावाहिक में उषा सिंह, पंकज बेरी, किशन भान, सुधांशु शरण, अजय यादव, अर्चना सिंह, नैना सिंह, पंकज कुमार, मेहनाज, विजय शुक्ला, अनिता रस्तोगी के भूमिका बा. एकर निर्माण बसंती देवी अउर उषा सिंह, आ निर्देशन रंजन कुमार कइले बाड़न.


(इंटरटेनमेंट मीडिया)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।