अंजन टी.वी. अब एयरटेल के डीटीएचो पर

AnjanTV
आप मीडिया प्राईवेट लिमिटेड के भोजपुरी मनोरंजन चैनल अंजन टी.वी. अपना विकास का राहे बढ़त एग कदम अउर आगे आइल बा. फ्री टू एयर चैनल अंजन टी.वी. के अब एयरटेल डिजिटल टीवी के चैनल न० 629 पर देखल जा सकेला. एकरा खातिर रउरा अलग से कवनो शुल्क नइखे देबे के.

भोजपुरी में टीवी चैनलन के कमी पुरावे का दिशा में लागल अंजन टीवी अपना देखेवालन के समहर मनोरंजन देबेला. 360 अंश के मनोरंजन एकरे के कहल जाला जहाँ कुछ छूटे ना, मनोरंजन के हर कोण पर जेकर मौजूदगी होखे.

अंजन टीवी के कार्यक्रमन में सिनेमा, गाना, धारावाहिक, अपराध, रसोई, हँसी आ व्यंग, यात्रा, जीवनवृत्ति, आ फैशन से जुड़ल शो शामिल बाड़ी सँ. भोजपुरी मनोरंजन के चमकत सितारा समय समय पर अंजन के शोभा बढावत रहेलें. आ अंजन के क्रिएटीव टीम के दिन रात के अथक मेहनत से मनोरंजन के नया नया रूप दर्शकन ले चहुँपावत रहेले अंजन टीवी.

चैनल प्रमुख अंशुमान त्रिपाठी कहले कि शुरूए से अंजन टीवी अपना दर्शकन बीचे बहुते लोकप्रिय रहल बा आ अब अउरी खुशी के बात बा कि एयरटेल डीटीएच से जुड़ के एगो अउरी बड़हन दर्शक वर्ग ले अंजन टीवी चहुँपल करी. कहलन कि अंजन के खास मनसा ह अपना दर्शकन के साफ सुथरा मनोरंजन कइल आ देश भर में पसरल भोजपुरिया दर्शकन ले चहुँपल.

जाने जोग बा कि अंजन टीवी बिहार आ झारखंड के सगरी केबुल वालनो के सेवा में शामिल बावे.
AnjanTVbanner

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।