अंजन टी.वी. पर रिंकु घोष खोलीहें ‘‘धनिया का थाना’’

dhaniya-ke-thanaभोजपुरी के समहर मनोरंजक चैनल अंजन टी. वी. पर एगो नया धारावाहिक ‘‘धनिया का थाना’’ मकर संक्रांति १४ जनवरी से शुरू होखे वाला बा. हँसी मजाक से भरल ई मनोरंजक धारावाहिक कानून व्यवस्था के सच उजागर करी.

देखावल जाई कइसे सगरी ओर गुनाह के बोल-बाला बा आ लोग एह चलते अपना के असुरक्षित मानत बाड़ें. प्रशासनो एह गुनहगारन के कानून के हथकड़ी पहिनावल चाहेले बाकिर कानून के कुछ नुमाइंदा एकरा के अपंग बना दिहले बाड़न जवना चलते अपराधियन के सजा मिलल मुश्किल हो गइल बा.

धनिया के ‘‘थाना भोजपुरिया’’ के दरोगा अवतार सिंह हउवें. एह थाना में घुसखोरी आ अपराधियन के बोल-बाला बा. अवतार एह थाना के अपना साथियन संग मौज-मस्ती के अड्डा बना दिहले बा. जब एगो जांबाज इंस्पेक्टर धनिया एह थाना में आवत बिया त एह थाना के नाम ‘‘धनिया का थाना’’ रख देत बिया आ एहिजा अब ओकरे कानून चले लागत बा बाकि कानून क दायरा का भितरे. अवतार सिंह के दारू पी के हँगामा कइला पर ओकर डिमोशन कर दिहल जात बा आ चार्ज धनिया के मिल जात बा.

फेर कइसे धनिया एह थाना में अपना तरीका से केस सलटावत बिया देखत देखत हँसला से पेटबथी हो जाई. रोज एगो नया केस, नया लोग, नया तरीका आ लोग के इंसाफो मिल जात बा. समाज के बुराईओ सोझा आवत बा आ एहसे निबटे के नसीहतो.

धनिया के टाईटल रोल में बाड़ी भोजपुरी सिनेमा के स्टार अदाकारा रिंकू घोष.

‘‘धनिया के थाना’’ अंजन टी. वी. पर 14 जनवरी से हर सोमार से बियफे ले रात 9 बजे से देखावल जाई.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।