अंधविश्वास का खिलाफ बलिया में अभियान के शुरूआत

काल्हु २६ जून के बलिया जापलिनगंज के राधाकृष्ण अकादमी में राष्ट्रीय बाल विज्ञान कांग्रेस बलिया का तरफ से एगो प्रशिक्षण शिविर के आयोजन भइल जवना के उद्घाटन बलिया के इनफारमेटिक आफिसर अहमद सऊद कइलन. खास मेहमान रहलें एनआईसी बलिया के अंजन गोस्वामी. एह शिविर में बाबा लोग के चमत्कारन के वैज्ञानिक जानकारी दिहल गइल जवना से बाबा लोग समाज के अंधविश्वास में फँसा के ओकर शोषण ना कर सके. शिविर में संगठन के सचिव रजनीकांत सिंह, जिला समन्वयक सुधीर सिहं, अध्यक्ष डीएन उपाध्याय, हैदर अली खाँ, ओम प्रकाश, डा॰राजनारायण सिंह, संतोष कुमार, अनिल गुप्ता वगैरह मौजूद रहलें.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।