अइसन डरपोक केन्द्र सरकार कबो ना रहल, कहलन मुलायम सिंह

समाजवादी पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष मुलायम सिंह यादव कांग्रेस पर वोट के राजनीति करे के आरोप लगावत कहलम कि वोटे खातिर तेलंगाना राज्य बनावे जात बिया जबकि छोटहन राज्यन से दिक्कत अउरी बढ़ी. चीन आ पाकिस्तान का तरफ से बनावल जात हालात में सरकार के कायराना चुप्पी पर मुलायम सिंह कहलन कि अइसन डरपोक केंद्र सरकार कबो ना रहल. फूड सिक्योरिटी पर कहलन कि जब सपा आ सुप्रीम कोर्ट केंद्र सरकार के अनाज गरीबन में बाँट देबे के कहलसि त सरकार साफे इंकार कर दिहलस. इहो कहलन कि सगरी कोशिश का बादो कांग्रेस भा भाजपा सरकार ना बना पइहें.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।