अक्षरा आ अंजना के मिलल ईद के तोहफा

AksharaSingh-AnjanaSinghभोजपुरी सिनेमा के दू गो चर्चित अभिनेत्री अक्षरा सिंह आ अंजना सिंह खातिर अबकी के ईद ढेरे खुशी ले के आइल. ठीक ईदे के दिन अक्षरा सिंह के “प्यार झुकता नहीं” बिहार में आ अंजना सिंह के “वर्दी वाला गुंडा” मुंबई में रिलीज़ भइ. “प्यार झुकता नहीं” शुरू के तीने दिन में अतना कलेक्शन बटोर लिहलसि जतना कवनो हिट भोजपुरी फिलिम हफ्ता भर में बटोरेला. एह फिलिम में अक्षरा सिंह एगो मॉडर्न लड़िकी के किरदार में बाड़ी आ उनकर नायक बाड़े नया अभिनेता शैलेश सिन्हा.

एही तरह अंजना सिंह के “वर्दी वाला गुंडा” फिलिम जबब ईद का दिने मुंबई में रिलीज़ भइल त सिंगल स्क्रीन सिनेमाघरन में रिकोर्डतोड़ बिजनेस कइलसि, फिलिम में बोलल अंजना सिंह के डायलागो दर्शकन का जुबान पर चढ़ गइल. एह फिलिम में अंजना के अपोजिट बाड़ें दिनेश लाल यादव निरहुआ. दुनु जने के ई पहिलका हिन्दी फिलिम हवे.

अक्षरा आ अंजना अपना फिलिमन के सफलता के कारक दर्शकन के प्यार बतावत बाड़ी आ एकरा के ईद के तोहफा मानत बाड़ी.


(उदय भगत)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।