अक्षरा कहली खेसारी से कि, "ठोक देब"

aksharaभोजपुरी में ठोक देब के मतलब होला गोली मार देब. जब कवनो लड़िकी ई बात कहे त मतलब साफ़ बा कि या त ऊ दबंग हियऽ भा ओकरा माथ पर कवनो दबंग के हाथ बा. चर्चित भोजपुरी अभिनेत्री अक्षरा सिंह आजु काल्हु अइसहीं ठोके लागल बाड़ी. करस त का? काहेंकि ऊ एही नाम के एगो फिलिम “ठोक देब” में नजर आवे वाली बाड़ी.

यश एंड राज इंटरटेनमेंट के बैनर तले मधु सिंह के परोसल एह फिलिम के निर्मात्री हईं जे . नीलम आ नरिंदर कौर ( सिमरन). फिलिम के निर्देशक हउवें अजय कुमार. फिलिम में अक्षरा के नायक बाड़न खेसारी लाल यादव आ साथे बाड़न हैदर काजमी, दिव्या दवेदी , बिपिन सिंह, बृजेश त्रिपाठी, गोपाल राय, नवोदित सुजीत गुप्ता अउर नीलिमा सिंह.

एह फिलिम के एगो अउर खासियत बा कि एहमें नीलिमा सिंह एगो खतरनाक खलनायिका बनल बाड़ी.

गीत संगीत, रोमांस आ एक्शन के जबरदस्त तड़का वाला एह फिलिम के शूटिंग एही महीना शुरू होखे वाला बा. संगीतकार बाड़े एस . कुमार.


(उदय भगत)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।