अक्षरा सिंह आ खेसारी लाल के जोड़ी धमाल मचवलसि

YeBalmaBiharWalaपिछला हफ्ता रिलीज भइल अक्षरा सिंह आ खेसारी लाल के फिलिम “ये बलमा बिहार वाला” अपना धुँआधार आगाज का साथे दर्शकन के मन मोह लिहलसि. एकरा के बिहार के चौवन गो सिनेमाघरन में रिलीज कइल गइल आ सभत्तर दे्शकन का बीच बड़हन उछाह देखे के मिलल. फिलिम के गाना पहिलही हिट हो चुकल रहली सँ आ अब ओह गीतन के परदा पर देख सुन दर्शको मंत्रमुग्ध हो गइलें.

अक्षरा सिंह आ खेसारी लाल के हिट जोड़ी हालही में भजन सम्राट अनूप जलोटा के फिलिम साइन कइलसि. एह फिलिम के शूटिंग ३१ अगस्त से होखे जात बा. निर्देशक रहीहें सनोज मिश्रा आ अजय झा रहीहें.


(भोजवुड न्यूज)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।