अक्षरा सिंह आ खेसारी लाल के जोड़ी के नया धमाल

YeBalmaBihaarWala-posterपिछला २३ अगस्त के बिहार में रिलीज अक्षरा सिंह आ खेसारी लाल अभिनीत भोजपुरी फिलिम ” ए बलमा बिहार वाला” अपना धुँआधार आगाज के साथे दर्शकन के मोह लिहलसि. एकरा के बिहार के ५४ गो सिनेमाघर में रिलीज कइल गइल आ हर जगह दर्शकन के उछाह देखे के मिलल.

एह फिलिम के गीत पहिलहीं से हिट रहले आ अब ओह गीतन के परदा पर देख दर्शक मन्त्रमुग्ध हो गइलें.

अक्षरा सिंह अभिनीत एगो अउरीओ फिलिम “प्यार झुकता नहीं” बिहार में सफलता के परचम लहरवलसि.

अब अक्षरा सिंह आ खेसारी लाल के हिट जोड़ी भजन सम्राट अनूप जलोटा के फिलिम साइन कइले बाड़ें जवना के शूटिंग शुरू हो गइल बा. निर्देशन करत बाड़ें सनोज मिश्रा आ अजय झा.


(भोजवुड न्यूज)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।