अक्षरा सिंह चलइहें जिला टॉप

AksharaSingh-tvभोजपुरी गायकी के सिरमौर पवन सिंह के एगो हिट गाना ह – जिला टॉप लागेलु.. अब एही गाना से निकलल शब्द जिला टॉप नाम के शो लेके आवत बाड़ी भोजपुरी के चर्चित अभिनेत्री अक्षरा सिंह. हर शुक आ शनिचर के रात ८ बजे से महुआ टीवी पर प्रसारित होखे वाला एह शो के निर्माता हउवें साईं बाबा टेलीफिल्म्स.

जिला टॉप गीत गवनई पर आधारति शो ह जवना के जज बाड़ी गायिका पूर्णिमा. छोटका परदा पर अक्षरा के ई दुसरका शो ह. एहसे पहिले ऊ महुए टीवी के शो “नाच नचैया धूम मचैया” में अपना नृत्य के जलवा छीटले रही. बतौर एंकर अक्षरा के ई पहिलका शो ह. जाने जोग बा कि अक्षरा सिंह के नाम भोजपुरी के टॉप अभिनेत्रियन में शामिल बा आ ऊ अपना कैरियर के शुरुआत बतौर रवि किशन के नायिका सत्यमेव जयते से कइले रही.

अक्षरा सिंह अबले नाहियो त दू दर्जन फिलिमन में करीब करीब सगरी बड़का स्टारन संगे काम कर चुकल बाड़ी. अक्षरा के आवे वाली फिलिमन में महिला प्रधान फिल्म “प्रतिघात”, रितेश ठाकुर के “बलमा बिहारवाला”, “प्रतिज्ञा २”, “ठोक देब” वगैरह शामिल बाड़ी सँ.


(उदय भगत)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..