अक्षरा सिंह पवन सिंह फेरू साथ साथ

सिनेमा भोजपुरी के जानल मानल अदाकारा आ फिलिम के सफलता के गारंटी मानल जाए वाली अभिनेत्री अक्षरा सिंह एक बेर फेरू गायक अभिनेता पवन सिंह संगे नजर आवेवाली बाड़ी. एह जोड़ी के एह से पहिले बजरंग में देखल गइल रहे आ अब देखल जाई “बनारसवाली” में.

आराधना सिने विजन के बैनर तले निर्माता आ निर्देशक शशि दुबे के एह फिलिम में अक्षरा सिंह केंद्रीय भूमिका में बाड़ी. बतावे जोग बा कि अक्षरा के कैरियर रविकिशन संगे फिलिम “सत्यमेव जयते” से शुरू भइल रहे. अक्षरा सिंह के हालिया रिलीज़ फिलिम “एक बिहारी सौ पे भारी” आ “कालिया” बॉक्स ऑफिस पर निकहा बिजनेस बिटोरली सँ. एहसे पहिले “बजरंग” फिलिमो हिट साबित भइल रहे.

अबहीं “बनारसवाली” प्री प्रोडक्शन दौर में बा बाकिर जल्दिए ई फ्लोर पर जाई. एही फिलिम का तरह एगो अउर महिला प्रधान फिलिम में अक्षरा के केन्द्रीय भूमिका में अनुभव मोशन पिक्चर्स साइन कइले बा.


(उदय भगत)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।