अक्षरा सिंह बनली पुलिस इंस्पेक्टर

Akshara-as-inspectorभोजपुरी सिनेमा के चर्चित अदाकारा अक्षरा सिंह अपना नयका फिलिम ‘लूट’ में पुलिस इंस्पेक्टर के किरदार में नजर अइहें.

अपना किरदार का बारे में अक्षरा सिंह बतावत बाड़ी कि शुरू में कालेजिया लड़िकी नेहा पढ़ाई के बाद पुलिस इंस्पेक्टर नेहा बन जात बाड़ी. पहिलके पोस्टिंग जहाॅ होखत बा ओहिजा लुटेरन के उत्पात बा. ओह लुटेरन से नेहा कइसे निपटत बाड़ी इहे फिलिम के खास बा.

मुख्य कलाकारन में अक्षरा संगे प्रकाश जैस आ गौरव झा बाड़े.

अक्षरा सिंह के बात होखत बा त इहो जानत चलीं कि हाल ही में रिलीज इनकर फिलिम ‘फिर दौलत की जंग’ देखेवालन के बहुते पसंद आइल बा आ इनका किरदार के सराहल जात बा.


(प्रशांत-निशांत)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।