अक्षरा सिंह साईन कइली तीन गो फिल्म

भोजपुरी नायिका अक्षरा सिंह पिछला दिने तीन गो फिलिम एक साथे साईन कइली. दू गो के निर्देशक अशोक अत्री आ तिसरकी के चुन्नू सिंगापुरी हउवें. अक्षरा सिंह के फिल्म ‘बजरंग’ एह घरी बिहार में सफलता के जश्न मनावत बिया. एह फिल्म में अक्षरा सिंह के नायक बाड़ें पवन सिंह, निर्माता हउवें जे.पी. सिंह आ निर्देशक नंद किशोर महतो.

बला के खूबसूरत सेक्सी बाला अक्षरा सिंह क जादू एह घरी भोजपुरी वर्ल्ड पर खूब चलल बा आ ऊ हर निर्माता, निर्देशक के पसंद नंबर वन बन गइल बाड़ी. निर्देशक राजकुमार पांडे के ‘सौगंध गंगा मईया के’ फिलिमो में उनकर जलवा दर्शकन का माथे सवार बा. फिल्म ‘कालिया’ अपना रिलीज से पहिलही अक्षरा के टॉप अदाकारा बना दिहले बा. एह फिल्म में हैदर काज़मी आ अक्षरा के जोड़ी के खूब बधाई मिलत बा.

दिनेश लाल यादव संगे जगदीश शर्मा निर्देशित फिल्म ‘एक बिहारी सौ पर भारी’ के शूटिंग अक्षरा पूरा कर लिहले बाड़ी, रविकांत निर्देशित ‘बिगुल’ फिलिमो के शूटिंग पूरा हो गइल बा. एगो अउर फिलिम ‘बांके बिहारी’ ओ में अक्षरा नजर अइहें.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।