अखिलेश के ‘फुआ’ आ बहुते लोगन के ‘बहिनजी’ का खिलाफ बोलल महँग पड़ गइल

DayashankarSingh
हाल ही में भाजपा के यूपी प्रदेश उपाध्‍यक्ष बनावल गइल दयाशंकर सिंह मऊ में भाषण देत घरी जोश में आके बसपा सुप्रीमो मायावती पर अइसन बोल मार दिहलन कि उगिलला का बादो गरदन में अ़टक के रहु गइल बा. अलग बात बा कि ओहू ले खराब बोल मोदी का खिलाफ कुछ लोग आए दिन बोलत रहेला आ मोदी कबो एकरा के मुद्दा ना बनवलन. बाकिर मायावती त मायावती हई. काल्हु राज्यसभा में अपना खिलाफ बोलल बोल लेके दयाशंकर सिंह के गिरफ्तारी माँगे लगली.
बोल अइसन बेतुका रहल कि ओहपर रफ्फू करे के कवनो गुंजाइश ना देखि भाजपा तुरते दयाशंकर सिंह के पद से हटा दिहलसि आ छह बरीस ला उनुका के भाजपा से तड़ीपार क दिहलसि. बाकिर मायावती के तोस ना मिलल. कहली कि उनुका के गिरफ्तार कइल जोव ना त उनकर लोग बवाल करे लागे त उनुकर दोस ना रही.
बिहार चुनाव से पहिले जवना तरह असिष्णुता के पुपुही बजावत सगरी मूस मुसकोइल के बहरा आ गइल रहलें वइसने साजिश अबकियो होखे जा रहल बा. जानबूझ के हिन्दूवन के उकसावल जाई आ ओकरा बाद चारो तरफ से सियारन के हुँआ हुँआ के अइसन हल्ला होखी कि यूपीओ में भाजपा के हरवावे के जमीन बना लीहल जाई. गुजरात से एकर शुरुआतो हो चुकल बा.

मायावती, दयाशंकर सिंह, भाजपा, बसपा

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..