अखिलेश के बोलावल बइठक में ना अइलें शिवपाल

लखनऊ 21 मार्च (वार्ता). राज्यसभा चुनाव लेके बोलावल सपा गोल के विधायकन का बइठक में आजु नितिन अग्रवाल आ शिवपाल सिंह यादव के गैरमौजूदगी चर्चा के विषय बन गइल.
सपा अध्यक्ष अखिलेश यादव राज्यसभा खातिर 23 मार्च के होखे जा रहल चुनाव लेके सपा मुख्यालय में पार्टी विधायकन के ई बइठक बोलवले रहलें. एह बइठक में गोल के 47 विधायकन में से 45 जने हाजिरी बनवलें बाकिर शिवपाल सिंह यादव आ नितिन अग्रवाल ना अइलें.

शिवपाल के करीबी सूत्र कहत बाड़ें कि ऊ कुछ जरूरी काम से सैफई गइल बाड़ें आ एही चलते बइठक में ना आ पइलें. बाकिर ऊ सपा आलाकमान के भरोसा दिहले बाड़न कि भोट ओकरे कहला पर दीहें.

नरेश अग्रवाल के बेटा नितिन के ना आवल त पहिलहीं से मालूम रहुवे काहे कि नरेश अग्रवाल अब भाजपा में चलि गइल बाड़ें. आ सपा आलाकमानो के निकहा से मालूम बा कि ऊ ओकरा कहला पर भोट नइखन देबे वाला.

जाने जोग बा कि राज्यसभा के चुनाव में एक एक भोट के महत्व बा आ दुनु तरफ से पूरा जोर लगावल जा रहल बा अपना अपना उमीदवार के जितावे के.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।