अगलगी में दूगो घर जरले लाखन के भइल नुकसान

डोरीगंज, सारण। अवतार नगर थाना क्षेत्र के नरांव गांव में सनीचर के राति के लागल आगि में दूगो घर जरि के राख हो गउवन स आ ओमे रखल लाखन के संपतियो जरि के नास होगइल। घटना के समय सभे लोग सुतल रहुवे। पता चलल ह कि नरांव के राजकुमार सिंह रंजीत सिंह आ सुभाष सिंह  के परिवार के लोग सुतल रहुएवे एहिब एगारह बारह बजे के बीचे आगि लगला पर हल्ला सुनिके जगुए लोग त पता चलुए कि आगि बहुतें बढि़ गइल बा त उ लोग केहू तरे आपन आपन जान बचाके भगुए लोग। बाकी कुलिह सामान आ घर जरि के राखि हो गउए। गांव के लोग मिलि के आग बुतउवे ।

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..