अगिला दू साल ले निरहुआ हाउसफुल बा

भोजपुरी सिनेमा के किंग आ जुबिली स्टार दिनेश लाल यादव भोजपुरी के अकेला सितारा हउवन जे बाक्स आफिस पर सफलता के गारण्टी मानल जाले. साथ ही साथ उनका के जुबानो के पक्का मानल जाला. एही दू गो गुण का चलते भोजपुरी सिनेमा के हर निर्माा उनकर दिवाना बन गइल बा आ एही दिवानगी का चलते निरहुआ का लगे अगिला दू साल ले कवनो डेट खाली नइखे रहि गइल.

निरहुआ के ई डेट उनका रगुलर निर्मातन का लगे बा जइसे कि दुर्गा प्रसाद, अभय सिन्हा, आलोक कुमार, रामाकान्त प्रसाद, प्रवेश सिप्पी, कुमार मोहन, आ अशोक गुप्ता. ई लोग निहुआ के बड़ दाम दे के उनकर डेट अपना अपना फिल्मन खातिर खरीदले बा. एह साल का शुरु का छह महीना में निरहुआ लगातार पाँच गो हिट फिल्म दिहले बाड़न आ तीन गो अबही रिलीज होखे का तइयारी में बा. प्रवेश सिप्पी के भोजपुरी फिल्म मृत्युंजय के पोस्ट प्रोडक्शन काम चल रहल बा आ लोफररणभूमि के संपादन के काम चल रहल बा. एह फिल्म के डबिंग का बाद निरहुआ निर्माता दुर्गा प्रसाद के दुश्मनी में लाग जइहें जवना के निर्देशन राजकुमार आर पाण्डे करत बाड़े.

एकरा बाद असलम शेख के रखवाला, अपने होम प्रोडक्शन निरहुआ इन्टरटेनमेंट के निरहुआ टाँगावाला, डी॰रामानायडू के टाइगर आ आलोक कुमार के गंगा जमुना सरस्वती के शूटिंग होखी. एही बीचे अशोक गु्प्ता के फिल्म जय हो कट्टा बाबा के शूटिंगो करा लिहल जाई.

निरहुआ के हमेशा कोशिश रहेला कि दर्शकन के स्वस्थ मनोरंजन मिले जवना के ऊ सिनेमाघर में भरपूर आनन्द उठा सकस. आ उनकर फिल्म से सामाजिक सरोकारनो के दरसावल जा सके.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

2 Comments

  1. Bhojpurikhoj.com

    हम एह वेबसाइट खातिर गाना,लेख,कैरियर और समाचार भेजल चाहत बानी का ओकर प्रकाशन संभव बा ।

    • OP_Singh

      It is very easy Mukesh Ji, start sending your mails to editor@anjoria.com



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।