अजय के सफारी

भोजपुरी सिनेमा के एक्शन स्टार अजय दीक्षित के गाड़ियन के शौक़ीन मानल जाला. पिछला दू साल में बेटवा बाहुबली, नज़रिया तोहसे लागी, पापी के पाप काहे गंगा धोये अउर करेंट मारे गोरिया जइसी सफल आ चर्चित फिल्म दे चुकल अजय दीक्षित का लगे गाडियन के कवनो कमी नइखे. मुंबई में रहत अजय भारत में कतहियों जासु उनुकर पहिला पसन्द अपने गाड़ी होले. अब चाहे ऊ उनुकर घर जौनपुर होखे भा फिल्म वितरण के शहर पटना. लगभग आधा दर्ज़न गाड़ियन के मालिक अजय के मौजूदा पसंदीदा गाडी हवे टाटा सफारी. सफारी खरीदे का बारे में बतावत अजय कहले कि एक बेर ऊ बिहार के एगो गाँव में शूटिंग करत रहले. पूरा यूनिट गाँवे में ठहरल रहुवे लेकिन उनुका के आ फिल्म के नायिका गुंजन कपूर के छपरा में टिकावल गइल रहे, जहवाँ से ऊ लोग रोज सफारी से आवे जाये. एक दिन शूटिंग कर के वापिस लवटत घरी ऊ ड्राइवर से कहि के खुद सफारी चलावे के फैसला कइले. आ जब पहिला बेर सफारी चलवले त ओकर ड्राइव अतना पसन्द आ गइल कि मुंबई आवते सफारी खरीद लिहल.

अबकी दीपावली पर ऊ अपना गाँव जौनपुर सफारीए से गइले. अजय खुद कहेलें कि ऊ अपने गाड़ी से कतहियों गइल पसन्द करेलें चाहे ऊ जगहा मुंबई से कतनो दूर होखे.


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।