अजय दीक्षित के शानदार शुरुआत

भोजपुरी सिनेमा के एक्शन स्टार अजय दीक्षित एह साल २०११ में आपन शानदार शुरुवात हालिया रिलीज़ फिल्म “करेंट मारे गोरिया” से कइले बाड़न. एह फिल्म में ऊ एगो ईमानदार पुलिस अधिकारी के भूमिका में बाड़े. पिछला शुक के रिलीज भइल “करेंट मारे गोरिया” के शानदार सफलता मिलत दिखाई दे रहल बा. मारुती क्रियेशन का बैनर में निर्माता रमन पंचौरी अउर आभा सिंह आ निर्देशक टी .बौबी सिंह के एह फिल्म में अजय के किरदार के बहुते लोग पसंद करत बा. एह बढ़िया शानदार शुरुआत से अजय आ फिल्म के पूरा यूनिट उत्साहित बा.

अजय दीक्षित के अगिला फिल्म आवे जा रहल बा “पापी के पाप काहे गंगा धोये” जवना के निर्देशक बाड़े ब्रजभूषण. बढ़िया कहानी आ ब्रजभूषण के कुशल निर्देशन का चलते एहू फिल्म के सफलता तय मानल जा रहल बा. अगिला महीना अजय दीक्षित के एगो अउरी फिल्म आवे जा रहल बिया “बागी”. लेखक – निर्देशक ए॰आर॰एस॰ सरकार के एह फिल्म के कहानी मात्र बीस घंटे के बावे. ईंट भट्ठा पर काम करे वाला कामगारन पर होखे वाला अत्याचार के कहानी बयां करे वाली एह फिल्म के विषय लीक से हटके बा. फिल्म में उनका अपोजिट बाड़ी नवोदित नायिका रानू पाण्डेय. बहरहाल अपना शानदार शुरुवात के चलते अजय आ उनुका निर्माता निर्देशकन के हौसला बुलंद बा.


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।