अजय देवगन के बढ़िया से धोखा दे दिहली रिंकू घोष

RinkuGhosh-itemहेडिंग पढ़ के ई मत सोचीं कि साचहूं रिंकू घोष कवनो बात ला अजय देवगन के धोखा दे दिहली. असल में हिन्दी फिल्म ‘हिम्मतवाला’ में रिंकू घोष आ अजय देवगन पर एगो गाना फिल्मावल गइल बा जवना के बोल बा ‘धोखा………’ आजुकाल्हु ई गाना तमाम चैनलन पर देखावल जात बा आ बढ़िया हिट होखत बा. मतलब कि ई जोड़ीओ हिट हो गइल.

‘धोखा….’ नाम के एह आइटम सांग में देश के पांच गो इलाका के पाँच गो अभिनेत्रियन के लिहल गइल बा जे अभिनेता अजय देवगन संगे ठुमका लगावत लउकीहें आ ओही में से एगो रिंकू घोष हई. बंगला, भोजपुरी, मराठी, पंजाबी आ गुजराती सिनेमा के अभिनेत्री कोरियोग्राफर गणेश आचार्य के ताल पर थिरकली.

बकौल साजिद, एह गीत में अजय के साथ ठुमका लगावेला बंगला से सजांयतनी घोष, भोजपुरी से रिंकू घोष, मराठी सिनेमा से अमृता खानविलकर, पंजाबी से सुरवीन चावला आ गुजराती सिनेमा से मोना थीबा के लिहल गइल बा. रिंकू घोष भोजपुरी सिनेमा के पहिलका नायिका बाड़ी जे अजय देवगन संगे डांस करत नजर अइहें.


(शशिकांत सिंह)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।