अजीमाबाद एक्सप्रेस में डकैती

आजु शनिचर का दिन भोर में पटना से अहमदाबाद जावे वाली अजीमाबाद एक्सप्रेस के दू गो स्लीपर कोच में बक्सर का लगे डकैती पड़ल. डकैत करीब दर्जन भर रहले आ लूटला का बाद गाड़ी के चेन खींच के रोक दिहले आ भाग गइले. बतावल जात बा कि डकैत चौसा में डिब्बा में चढ़ल रहले. कतना के लूट भइल बा पुलिस एकर आकलन करत बिया. शायद हिस्सा बखरा में कतना आई एह खातिर ? काहे कि कहल जाला कि पुलिस के हर अपराधी के जानकारी रहेला आ लोग इहो मानेला कि हर अपराधो में ओकर हिस्सा रहेला. तबहिये त दिन दहाड़े अपराध होला आ पुलिस कुछ ना कर पावे.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।