अजोरिया के संस्थापक संपादक डा॰ राजेन्द्र भारती के सम्मान

भोजपुरी में पहिलका वेबसाइट अँजोरिया डॉट कॉम के संस्थापक संपादक रहल डा॰ राजेन्द्र भारती के पिछला दिने पश्चिम बंगाल के हुगली में आयोजित एगो कार्यक्रम मे सम्मानित कइल गइल. डा॰ भारती बलिया के हउवें आ भोजपुरी कवि, होखला क साथे लेखक आ फिलिम पटकथा लेखको हउवें. डा॰ भारती भोजपुरी विकास चेतना पत्रिका आ अउरियो पत्रिकन के संपादक रहल बाड़ें.

हिंदी साहित्य शलभ का ओर से तेलिनीपाड़ा आर्य पुस्तकालय में भइल समारोह में संस्था के संयुक्त सचिव मुरली चौधरी आ रामनाथ यादव बेखबर का हाथे गुलदस्ता दे के डा॰ भारती के सम्मानित कइल गइल. बाद में एगो कवि सम्मेलन के आयोजनो भइल.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।